Shapoor Zadran Passes Away : अफगानिस्तान के पूर्व तेज गेंदबाज शापूर जादरान के लमहर बेमारी के बाद निधन, क्रिकेट जगत में शोक के लहर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। अफगानिस्तान क्रिकेट टीम के पूर्व तेज गेंदबाज शापूर जादरान के 38 बरिस के उमिर में निधन हो गइल बा। ऊ बहुत दिनन से गंभीर बेमारी से जूझत रहलें। नोएडा के यथार्थ हॉस्पिटल में

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अफगानिस्तान क्रिकेट टीम के पूर्व तेज गेंदबाज शापूर जादरान के 38 बरिस के उमिर में निधन हो गइल बा। ऊ बहुत दिनन से गंभीर बेमारी से जूझत रहलें। नोएडा के यथार्थ हॉस्पिटल में इलाज के दौरान सोमार के रात करीब 10 बजे उनकर निधन हो गइल। एह बात के जानकारी अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड (ACB) आधिकारिक रूप से देलस।

गंभीर बेमारी से जूझत रहलें शापूर जादरान

रिपोर्ट के मोताबिक, शापूर जादरान हेमोफैगोसाइटिक लिम्फोहिस्टियोसाइटोसिस (HLH) नाम के दुर्लभ आ जानलेवा बेमारी से पीड़ित रहलें। एह बेमारी में देह के इम्यून सिस्टम जरूरत से जादे सक्रिय हो जाला आ बाहरी संक्रमण से लड़े के बजाय देह के स्वस्थ रक्त कोशिका आ अंगन के नुकसान पहुंचावे लागेला।लमहर समय से इलाज चलत रहे, बाकिर आखिरकार ऊ जिंदगी के जंग हार गइलें।

अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड जतवलस शोक

अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (X) पs शापूर जादरान के निधन पs गहिराह दुख जतवलस। बोर्ड लिखलस कि “शापूर जादरान अफगानिस्तान क्रिकेट के नेव रखे वाला खिलाड़ियन में से एक रहलें। अपना मेहनत, जुनून आ समर्पण से ऊ टीम के आगे बढ़ावे में अहम जोगदान देलें। अंतरराष्ट्रीय स्तर पs अफगानिस्तान क्रिकेट के पहचान दिलावे में उनकर भूमिका हमेसा इयाद रखल जाई।”

बोर्ड ईहो कहलस कि मैदान के भीतर आ बाहर, शापूर कइयन गाे नवहा क्रिकेटरन खातिर प्रेरणा के स्रोत रहलें। उनकर हिम्मत आ समर्पण से नया पीढ़ी के खिलाड़ी के बड़ सपना देखे के हौसला मिलल।

एक दशक तक अफगानिस्तान खातिर खेललें

शापूर जादरान साल 2009 में अफगानिस्तान खातिर अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में डेब्यू कइलें आ 2020 तक राष्ट्रीय टीम के प्रतिनिधित्व कइलें। अपना करिअर में ऊ 44 वनडे मैच खेललें, जवना में 43 विकेट लेलें। जबकि 36 टी-20 अंतरराष्ट्रीय मैच में 37 विकेट हासिल कइलें।

2015 विश्व कप के ऐतिहासिक पल

शापूर जादरान के सबसे इयादगार उपलब्धियन में से एगो 2015 क्रिकेट विश्व कप रहे। स्कॉटलैंड के खिलाफ मैच में ऊ विजयी रन बनवले रहले, जवना से अफगानिस्तान विश्व कप इतिहास में आपन पहिलका जीत दर्ज कइले रहे। ई पल आजो अफगान क्रिकेट के सबसे ऐतिहासिक लम्हा में गिनल जाला।

शापूर जादरान के निधन से पूरा क्रिकेट जगत में शोक के माहौल बा। खिलाड़ी, प्रशंसक आ क्रिकेट संस्था सब सोशल मीडिया पs श्रद्धांजलि देत बाड़ी सs।

Read Also: Telangana News : तेलंगाना पुलिस के DSP निकलल करोड़पति, छापेमारी में 300 करोड़ रुपिया के संपत्ति के खुलासा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.