[the_ad_group id="30365"]

Zomato के बदले वाला बा नाम, अब एह नया नाम से मिली कंपनी के पहचान, आज 20% उछल गइल शेयर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन स्टार्टअप जोमैटो लिमिटेड (Zomato Limited) में काफी कुछ बदलाव होखे जा रहल बा। फूड डिलिवरी कंपनी अब आपन नाम बदलले पर विचार क रहल बा। खबर बा कि जोमैटो के मैनजमेंट एक पैरेंट कंपनी बना सकत बा। साथ ही हर कंपनी के सम्हरले खातिर अलग-अलग सीईओ भी रखल जा सकत बा।

ब्लूमबर्ग के मुताबिक, जोमैटो अपने प्रमुख कारोबार के नेतृत्व खातिर चार सीईओ के नियुक्ति क रहल बा। बता देईं कि पिछले साल 2021 में जोमैटो के आईपीओ आइल रहे। कंपनी हाल ही में क्विक डिलिवरी कंपनी ब्लिंकिट के भी अधिग्रहण कइलें बा।

का हो सsकला जोमैटो के नया नाम?

दीपिंदर गोयल पैरेंट कंपनी के री-ब्रांड कइलें के प्लान बना रहल बानें अउरी जोमैटो के नाम बदल के ‘इटरनल’ रखल जा सकत बा। ब्लूमबर्ग के मुताबिक, जोमैटो के नया नाम ‘इटरनल लिमिटेड’ (Eternal) हो सकत बा। एंट ग्रुप कंपनी टेमासेक होल्डिंग्स पीटीई अउरी गोल्डमैन सैक्स ग्रुप इंक द्वारा सपोर्टेड कंपनी जोमैटो एगो इंटरनल मेमो में कहले बा कि ऊ किराना-डिलीवरी स्टार्टअप ब्लिंकिट के सौदे के बाद अब अइसन यूनिट तैयार कइल जा रहल बा, जेकरे खातिर कम से कम चार अलग-अलग सीईओ होइहें। ई सब यूनिट्स साथ में मिलके काम करिहें।

बता देईं कि कंपनी के पास हाइपरप्योर नाम से बिजनेस-टू-बिजनेस यूनिट भी बा, जौन रेस्तरां के सामग्री अउरी रसोई के आपूर्ति प्रदान करsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]