[the_ad_group id="30365"]

खुशखबरी: गोरखपुर में बनी प्रदेश के MSME टेस्टिंग लैब, औद्योगिक विकास के लागी पाँख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सूक्ष्म, लघु अउरी मध्यम उद्यम (एमएसएमई) मंत्रालय के प्रदेेश के पहिला टेस्टिंग स्टेशन (लैब) गोरखपुर में खुली। एमएसएमई मंत्रालय के अधिकारी लोग चेंबर ऑफ इंडस्ट्रीज के पदाधिकारियन से विभिन्न जानकारी मंगले बानें लोग ताकि टेस्टिंग स्टेशन में लगे वाली मशीनन के तय कइल जा सके।

एकरे खुल गइले के बाद गोरखपुर के उद्यमियन के अपने उत्पादन के गुणवत्ता जांच करावे खातिर कौनो प्राइवेट लैब के लग्गे नाइ जाए के होई। समय के साथ गोरखपुर के उद्योगन के उत्पाद, न सिर्फ देश के विभिन्न राज्यन में बलुक विदेशन में भी निर्यात होखे लागल बा। उत्पादन के तब्बे भेजल जा सकsता, जब कौनो मानक वाले टेस्टिंग लैब से एकर गुणवत्ता के जांच भइल होखें।

इहां के कारोबारियन के अभिन कानपुर के प्राइवेट लैब आ गाजियाबाद में स्थापित विज्ञान एवं प्रौद्योगिकी विभाग के टेस्टिंग लैंब में सैंपल जांच खातिर भेजे के पड़sला। अभिन देश के चार मेट्रो शहरन में एमएसएमई के टेस्टिंग सेंटर अउर सात शहरन में टेस्टिंग स्टेशन बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]