[the_ad_group id="30365"]

ऑनलाइन बाजार में भी छाई गोरखपुर के रेडीमेड गारमेंट, उद्यमी लोग करावल रजिस्ट्रेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्लिपकार्ट, आमेजन, मीशो जइसन ऑनलाइन शॉपिंग पोर्टल पर अब गोरखपुर के रेडीमेड गारमेंट उत्पाद भी छाई। वालमार्ट के विशेषज्ञन के मार्गदर्शन के बाद गोरखपुर के कई रेडीमेड गारमेंट उद्यमी लोग अपने उत्पाद के एह ऑनलाइन पोर्टल खातिर रजिस्ट्रेशन करा लेहले बानें। अइसन में अब गोरखपुर के उद्यमी अपने उत्पाद के ऑनलाइन शॉपिंग पोर्टल पर बिक्री खातिर उतार सकsताने।

गोरखपुर जिला खतिर टेराकोटा के अलावा रेडीमेड गारमेंट के एक जिला एक उत्पाद (ओडीओपी) के रूप में मान्यता दिहला के बाद प्रदेश सरकार एकरे बेहतरी खातिर लगातार नया कदम उठा रहल बा। एही क्रम में उद्योग विभाग के ओर से गोरखपुर के रेडीमेड गारमेंट उद्यमियन के ऑनलाइन पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन खातिर वालमार्ट के विशेषज्ञन से ट्रेनिंग करावल गईल। अइसन आठ उद्यमी लोग ऑनलाइन शॉपिंग पोर्टल खातिर रजिस्ट्रेशन करावल।

वालमार्ट से रजिस्ट्रेशन करावे पर नाइ लागsला सर्विस प्रोवाइडर चार्ज

सहायक आयुक्त उद्योग रवि कुमार शर्मा बतवलें कि वालमार्ट के जरिए ई-कॉमर्स पोर्टल पर रजिस्ट्रेशन करावे पs उत्पादकन के कौनो कंपनी के सर्विस प्रोवाइडर चार्ज नाइ देवे के पड़s ला। अइसन में उद्यमियन के न खाली अपने उत्पाद खातिर बेहतर प्लेटफार्म मिल जाला, बलुक उनके बिक्री खातिर बेहतर मौका भी उपलब्ध हो जाला।

उद्यमी रेडीमेड गारमेंट महेश गुप्ता कहलें कि जल्दिए गोरखपुर के उत्पाद विभिन्न ऑनलाइन शॉपिंग पोर्टल पर नजर आई। वालमार्ट के प्रशिक्षक लोग रजिस्ट्रेशन संबंधी विभिन्न जानकारी देहलें के संगही पोर्टल खातिर रजिस्ट्रेशनो करा देहलें बानें।

उपायुक्त उद्योग गौरव मिश्रा कहलें कि गोरखपुर के उद्यमियन के ई-प्लेटफार्म, ई-मार्केटिंग उपलब्ध करवला के संगही बेहतर ब्रांडिंग खातिर वालमार्ट जइसन कंपनियन के विशेषज्ञ लोग से जानकारी दियावल जा रहल बा। जल्दिये वालमार्ट के विशेषज्ञ लोग कुछ अउरी प्रशिक्षण कैंप लगइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]