[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 6 बजे तक दृश्यता जीरो: कोहरा आ गलन के बीच न्यूनतम तापमान पहुंचल 3.8 डिग्री सेल्सियस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर आ अगल-बगल के जिलन में कड़ाका के ठंड पड़ रहल बा। लगातार पारा गिरला से जनजीवन अस्त-व्यस्त हो गइल बा। अतवार के न्यूनतम तापमान चार डिग्री सेल्सियस रहल। सोमार के 0.2 डिग्री आ घटके ई 3.8 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल। लगातार चउथा दिन न्यूनतम तापमान तीन से पांच डिग्री सेल्सियस के बीचे बनल बा। एकरा वजह से सूरज ढलला के बाद गलन बढ़ जा रहल बा। ठंड के कहर कुछ अइसन बा कि घरन में दुबकल लोग कांप रहल बा।

महानगर में सोमार के मौसम राहत ना देलस। सबेरे छव बजे विजिबिलिटी जीरो रहल। सबेरे सात बजे विजिबिलिटी 15 मीटर तक सीमित रहल। दिन चढ़ला के संगे कोहरा के बादर छंटला के जगे इस्थिर होत जा रहल बा। सूरूज निकलला के आसार नजर नइखे आ रहल। अइसन में गलन बहुत जादे बढ़ गइल बार। अधिकतम तापमान के बात कइल जाव तs ऊ 12 डिग्री पs सिमटल बा। गोरखपुर में बीतल सात दिनन से रात के तापमान लगातार सामान्य से नीचे बनल बा।

अगिला पांच दिन पड़ी कड़ाका के सर्दी

मौसम वैज्ञानिक अतुल कुमार बतवलें कि पश्चिमी विक्षोभ के सक्रियता आ जेट स्ट्रीम के वजह से आ रहल सर्द हवा के वजह से मौसम में तत्काल राहत मिलला के आसार नइखे। अगिला पांच दिनन तक अइसने कड़ाका के ठंड पड़त रही।

गोरखपुर में रहल सबसे सर्द रात

उत्तर भारत में समुद्र तल से 12.6 किमी ऊपर 140 से 160 नॉट की रफ्तार से जेट स्ट्रीम हवा चल रहल बा। मौसम विभाग के मोताबिक गोरखपुर, अयोध्या, लखनऊ, बरेली आ मुरादाबाद मंडलन में दिन के तापमान सामान्य से बहुत कम दर्ज कइल गइल। अतवार के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी आ शाहजहांपुर सबसे ठंडा रहल, एह तीनो जगहन के दिन के अधिकतम तापमान 12 डिग्री के अगल-बगल रहल। गोरखपुर में अतवार के रात के तापमान सामान्य से बहुते कम रहल।

निमोनिया के चपेट में आ रहल बाड़ें सs लईका

पूर्वांचल में बढ़त ठंड के वजह से लईका निमोनिया आ दमा के शिकार होखे लागल बाड़े सs। BRD मेडिकल कालेज के 500 बेड वाला बालरोग चिकित्सा संस्थान में बीमार लईकन के भर्ती कs के इलाज कइल जा रहल बा। अभी तकरीबन 210 बच्चे बालरोग विभाग में भर्ती बा लो। एमे सबसे जादे निमोनिया, बुखार, एनिमिया आ दमा से पीड़ित बा लो।बालरोग विभाग के डॉक्टर लोग लईकन के ठंड से बांचें के सलाह देले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]