[the_ad_group id="30365"]

गुड न्यूजः एह बसन में महिला, बुजुर्ग, छात्रन के 1 फरवरी से किराया में मिली आधा छूट; बनी एमएसटी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

किराया छूट : रोजाना आवे वाला लोग के लुभावे खातिर लखनऊ सिटी ट्रांसपोर्ट एमएसटी में 100 रुपिया में डिस्काउंट ऑफर लेके आ रहल बा। अबकी 60 यात्रा के सफर खातिर 30 यात्रा के आधार पs एमएसटी जारी करे के फैसला भईल बा, जवना में महिला, बुजुर्ग अवुरी छात्र के सिटी बस के एमएसटी बनावे पs किराया में आधा छूट मिली। एक फरवरी से एमएसटी करावे वाला लोग के ईd ढील मिल जाई।

एमएसटी यानी मासिक सीजनल टिकट लेके सिटी बस में यात्रा सस्ता होई। संभागीय आयुक्त 18 जनवरी के सिटी ट्रांसपोर्ट के बैठक में एमएसटी के समीक्षा कईले रहले। बैठक में संभागीय आयुक्त वन यूपी वन कार्ड पs यात्रियन के बीच प्राथमिकता के आधार पs जागरूकता फैलावे, अधिकतम कार्ड बेचे अवुरी महिला, वरिष्ठ नागरिक अवुरी छात्र के सस्ता अवुरी सुविधाजनक यात्रा के सुविधा देवे के निर्देश देले रहले। एह क्रम में 60 यात्रा खातिर 30 यात्रा के किराया देके एमएसटी जारी कईल जाई।

अफसर का कहले ?

सिटी ट्रांसपोर्ट के एमडी आरके त्रिपाठी सिटी बस में यात्री बढ़ावे खातिर एमएसटी में ढील देवे के निर्देश देले बाड़े, डिवीजनल कमिश्नर बतवले ‘एह क्रम में 50 रिलैक्सेशन के साथे एमएसटी बनावल जाई। एक फरवरी से चारबाग, अवध काउंटर से एमएसटी जारी होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]