[the_ad_group id="30365"]

सोनबरसा फोरलेन पर भइल दुर्घटना में जुवक के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खोराबार क्षेत्र के मड़ापार निवासी जयदेव यादव (45) पुत्र स्वामीनाथ यादव के सोमार के बिहाने 10 बजे दुर्घटना में मौत हो गइल। ऊ गांव से अपने पत्नी के संगे ब्रेजा कार से अपने ससुरारी चौरीचौरा क्षेत्र के विश्वम्भरपुर जात रहलें।

सोनबरसा फोरलेन पर रिलायंस पेट्रोल पंप के लग्गे एगो कार के पलटत देख के ऊ गाड़ी से उतर के कार के लग्गे गइलें। एही बीचे अनियंत्रित ट्रेलर उनके कचरत पलट गइल। उनके चौकी प्रभारी सोनबरसा विशाल उपाध्याय अउर पुलिस फ़ोर्स मेडिकल कॉलेज भेजववलें। इलाज के दौराने उनकर मौत हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]