[the_ad_group id="30365"]

अनियंत्रित ट्रक बाइक सवार के मरलस टक्कर ,सहोदर भाई बहिन गंभीर रूप से घायल, दुनो सदर अस्पताल छपरा रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक थाना क्षेत्र के डूमरशन सोनारपटी के लगे एस एच 227 A पर बाइक सवार भाई बहिन के अनियंत्रित ट्रक जोरदार टक्कर मार देलस। जवना  से बाइक सवार भाई बहिन गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग।

दुनो भाई बहिन के घायलावस्था में राहगीरन द्वारा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र मशरक में भर्ती करावल गइल। जहां घायल के प्राथमिक उपचार के बाद बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर कर दिहल गइल। घायल के पहचान पानापुर थाना क्षेत्र के सतजोरा गांव निवासी बालकिशोर सिंह के 18 साल के लईका प्रिंस कुमार आ 22 साल के लईकी सपना कुमारी के रूप में भइल।

घटना के बारे में परिजन लोग बतावल की प्रिंस के तबीयत खराब रहे ओहि के इलाज करावे खातिर बाइक पर सवार होके छपरा चिकित्सक के इहां जात रहे लोग। डुमरसन के लगे अनियंत्रित ट्रक ठोकर मार देलस। जवना से दुनो गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]