[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में कोहरा के चलते हाइवे पर भिड़ल गाड़ी, 8 लोग घाही, चार लोग गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला में सोमार के सुबह बिहार के गोपालगंज के ओर जा रहल कार तमकुहीराज थाना क्षेत्र बनवरिया कट के लग्गे अचानके विपरीत दिशा से आइल ट्रक से टकरा गइल। दुर्घटना में सवार चार लोग घासी हो गइलें। एह कार के पीछे चल रहल एगो दूसर कार में सवार दू लोग भी मामूली रूप से घाही हो गइल बानें। सूचना पर पहुंचल चौकी प्रभारी तमकुहीराज मृत्युंजय सिंह अउर एनएचएआई के टीम स्थानीय लोग के मदद से घाही लोग के सीएचसी तमकुहीराज पहुंचवलें।

बतावल जा रहल बा कि बिहार के गोपालगंज पुरानी चौक निवासी ममता देवी (42), उनके परिवार के अनामिका( 23), नेहा (21) अउर मयंक कुमार (22)के संगे कसया से गोपालगंज लौटत रहली। बनवरिया कट के लग्गे विपरीत दिशा में स्थित पेट्रोलपंप से आवत ट्रक अचानक बीच रास्ता मे ठाढ़ हो गइल।

घन कोहरा के चलते चालक कार पs नियंत्रण नाइ रख पवलें, जेसे कार के टक्कर हो गइल। एह कार के पीछे से आ रहल दूसरो कार टकरा गइल। दुसरका कार में सवार गोपालगंज निवासी निर्भय सिंह अपने साथी के संगे गोरखपुर से गोपालगंज लौटत रहनें। ओ दूनों जनी के मामूली चोट लागल।

सड़क पर ठाढ़ ट्रक में टकराइल पिकअप, सात गाड़ी सब दुर्घनाग्रस्त

हाटा कोतवाली के सुकरौली में सोमार के भोरे पेट्रोल पंप के लग्गे हाइवे पर ठाढ़ ट्रक में एगो पिकअप पीछे से टक्कर मार दिहलस। कोहरा के चलते भइल दुर्घटना में लोग राहत-बचाव कs पावत, तब्बे पीछे से आइल एक दूसरे ट्रक के टक्कर हो गइल।

एह घटना में ट्रक चालक गंभीर रूप से घायल हो गइल। मौका पs पहुंचल पुलिस अउर हाइवे टीम बचाव काम कइलस। कुछुए देर बाद दूसरे लेन में एगो ट्रक एगो वाहन के ठोकर मार दिहलस। एकरे बाद करीब दस गाड़ी आपस में टकरा गइल, जेसे कुछ देर ले आवागमन बाधित भइल। एह दौरान गोरखपुर से पडरौना आ रहल अनुबंधित बसओ भिड़ गइल। बस के ड्राइवर घाही हो गइलें। दूसर सब सवारी लोग सुरक्षित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]