[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: गोरखपुर में छात्रा से छेड़खानी करत रहे शोहदा, शिकायत के बाद गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में गगहा पुलिस छात्रा के संगे छेड़खानी करे के आरोपी शोहदा के बियफे के गिरफ्तार कइले बिया। पकड़ल गइल आरोपी शुभम गौड़ गोला थाना क्षेत्र के कलानी गांव के निवासी हs। आरोपी के पुलिस कोर्ट में पेश कइलस, जहां से जेल भेजल गइल। ओहिजा ममिला में आरोपी बनावल गइल आउर लोगन के भूमिका के जांच कइल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, गगहा थाना क्षेत्र के एगो गांव निवासी पिता नाबालिग बेटी से शुभम गौड़ पs छेड़खानी करे के आरोप लगावत बुध के थाना में शिकायत कइल गइल। आरोप बा कि छात्रा के स्कूल आ कोचिंग जात घरी गोला थाना क्षेत्र के कलानी गांव निवासी जुवक शुभम आइल दिन पीछा कs के ओकरा पs अश्लील टिप्पणी करत रहे।

आरोपी शुभम गौड़ एह बीच छात्रा के गांव में अपना बुआ के घर रह के अलग-अलग नंबरन से फोन कs के ओकरा से मिले के दबाव बनावत रहे। छात्रा के परिजन जब जुवक के उलाहना लेके गांवे में ओकरा रिश्तेदारन के घर पहुंचल लो तs शुभम आ ओकर बुआ के लईका छात्रा के घर पहुंच के मारपीट करे पs उतारू हो गइल लो।

छात्रा के पिता के तहरीर के आधार पs पुलिस शुभम आ ओकर रिश्तेदार तीन जुवकन आ 10 अज्ञात पs छेड़खानी, पॉक्सो एक्ट आ जान से मारे के धमकी देवे के धारा में मुकदमा दर्ज कइले रहे। ओहिजा आरोपी शुभम गौड़ मारे पीटे के आरोप में पुलिस छात्रा के परिजनन पs मारपीट करे आ जान से मारे के धमकी देवे के मुकदमा दर्ज कइले रहे लो।

थानाध्यक्ष सूरज सिंह बतवलें कि आरोपी जुवक के गिरफ्तार कs के कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां से जेल भेजल गइल। ममिला में अभियुक्त आउर लोगन के भूमिका के जांच कs  के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]