[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Top Mafia: गोरखपुर के टॉप माफिया विनोद पs GDA कसलस शिकंजा, अवैध कब्जा पs चलवलस बुलडोजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर पुलिस माफिया के खिलाफ सख्त कार्रवाई करे में जुटल बिया। सनीचर के फरार चल रहल गोरखपुर के टॉप माफिया विनोद उपाध्याय के अवैध कब्जा के ढहा दिहल गइल बा। जीडीए करीब सात हजार वर्ग फीट के बेशकीमती जमीन मुक्त करा लेले बा। बता दीं कि विनोद उपाध्याय के ऊपर 50 हजार रुपिया के इनाम रखल गइल बा।

सनीचर के गुलरिहा थाना क्षेत्र के सलेगपुर मोगलहा में माफिया विनोद जमीन पs कब्जा कs के रखले रहे। एह जमीन पs ऊ निर्माणो करा के रखले रहे। सनीचर के जीडीए कड़ा सुरक्षा के बीच अवैध निर्माण ढहा देलस।

माफिया विनोद पs लगभग 36 गो मुकदमा चल रहल बा। एही ममिलन के लेके ऊ फरार चल रहल बा। गोरखनाथ क्षेत्र इस्थित धर्मशाला बाजार निवासी विनोद उपाध्याय धर्मशाला बाजार के हिस्ट्रीशीटर हs।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]