Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur Top Mafia: गोरखपुर के टॉप माफिया विनोद पs GDA कसलस शिकंजा, अवैध कब्जा पs चलवलस बुलडोजर

पुलिस माफिया विनोद उपाध्याय के खिलाफ FIR दर्ज कs के ओकरा पs 50 हजार रुपिया के इनाम घोषित कs के रखले बा। लगभग 36 आपराधिक ममिलन में वांछित विनोद उपाध्याय कइयन दिनन से फरार चल रहल बा। गोरखनाथ क्षेत्र इस्थित धर्मशाला बाजार के रहे वाला विनोद उपाध्याय धर्मशाला बाजार के हिस्ट्रीशीटर हs।

940

गोरखपुर पुलिस माफिया के खिलाफ सख्त कार्रवाई करे में जुटल बिया। सनीचर के फरार चल रहल गोरखपुर के टॉप माफिया विनोद उपाध्याय के अवैध कब्जा के ढहा दिहल गइल बा। जीडीए करीब सात हजार वर्ग फीट के बेशकीमती जमीन मुक्त करा लेले बा। बता दीं कि विनोद उपाध्याय के ऊपर 50 हजार रुपिया के इनाम रखल गइल बा।

सनीचर के गुलरिहा थाना क्षेत्र के सलेगपुर मोगलहा में माफिया विनोद जमीन पs कब्जा कs के रखले रहे। एह जमीन पs ऊ निर्माणो करा के रखले रहे। सनीचर के जीडीए कड़ा सुरक्षा के बीच अवैध निर्माण ढहा देलस।

माफिया विनोद पs लगभग 36 गो मुकदमा चल रहल बा। एही ममिलन के लेके ऊ फरार चल रहल बा। गोरखनाथ क्षेत्र इस्थित धर्मशाला बाजार निवासी विनोद उपाध्याय धर्मशाला बाजार के हिस्ट्रीशीटर हs।

साभार: अमर उजाला

569550cookie-checkGorakhpur Top Mafia: गोरखपुर के टॉप माफिया विनोद पs GDA कसलस शिकंजा, अवैध कब्जा पs चलवलस बुलडोजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.