[the_ad_group id="30365"]

अंतरराष्ट्रीय योग दिवस पs शिविर लगा के योग करवलें दुर्गेश तिवारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

योग शरीर अवुरी मन के स्वास्थ्य खाती फायदेमंद होखेला। योग एगो आध्यात्मिक अभ्यास ह जवन शांति, आत्मविश्वास अवुरी साहस के संचार करेला। योग के माध्यम से शरीर अवुरी मन के गतिविधि के बेहतर तरीका से कईल जा सकता। योग एगो अइसन अभ्यास ह जवन रउरा के कई गो बेमारी से दूर राखेला. अयीसना में योग अभ्यास जरूरी बा। गोरखपुर जिला के अलग अलग जगहा पर शिविर भी लगावल गइल बा।
एही तरे अपना गांव राघवपुर में अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के मौका प पछिला 12 साल से लोग के प्रशिक्षण देवे वाला अवुरी स्वास्थ्य लाभ खाती प्रोत्साहित करेवाला देवरिया में रहेवाला योग शिक्षक दुर्गेश तिवारी, ओह लोगन के योग करे सिखवले अउरी बतवले कि एकर केतना फायदा होला। एह लोग के ओर से शुरू कईल गईल इ अभियान निश्चित रूप से सराहनीय बा।

एही क्रम में आर्ट ऑफ लिविंग इंस्टीट्यूट देवरिया के तत्वावधान में आयोजित योग दिवसोत्सव में दुर्गेश जी एगो योग शिक्षक के भूमिका निभवले।

एह अवसर पर डॉ. मनीष तिवारी, राजू तिवारी, राजेश तिवारी, गौरचंद्र मिश्रा, विजय शंकर राय, छोटे तिवारी सहित पूरा तिवारी परिवार के लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]