[the_ad_group id="30365"]

अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस पs सरस्वती देवी महाविद्यालय में करावल गइल योग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के मौका प तहसील खड्डा के तहत सरस्वती देवी महाविद्यालय में पढ़ाई करेवाला हजारों छात्र विशेष योग प्रशिक्षण शिविर में भाग लिहले। एह योग शिविर के निर्देशन उपजिलाधिकारी मैडम उपमा पाण्डेय कइली. तहसीलदार खड्डा दिनेश सिंह एह योग शिविर के संयोजक रहले. आठ दिवसीय एह योग शिविर में भाग लेबे वाला विद्यार्थी लोग प्राणायाम, कपालभती, गरुणासन, नौकासन, मंडुकसन, तादासन, सूर्य नमस्कार, हम्या योग समेत कई तरह के योगासन कइलन. एह दौरान योगाचार्य साक्षी शर्मा कहलन कि योग आ ध्यान के प्रयोग से शरीर आ मन के सही विकास होला. योग जीवन के अनंत संभावना के दरवाजा खोल देला।

ए मौका प कॉलेज के प्रधानाचार्य दीपक कुमार मिश्र छात्र के योग के महत्व से अवगत करावत कहले कि नियमित रूप से योग कईला से शरीर ऊर्जावान अवुरी स्वस्थ रहेला। आज के तेज गति से चलत जीवनशैली में हमनी सभे के कुछ समय निकाल के योग जरूर करे के चाही।

एह अवसर पर डॉ. नीलेश मिश्र, अमरचंद मधेशिया, अतुल शुक्ला, भूपेन्द्र पाण्डेय, मनोज शर्मा के साथे महाविद्यालय के शिक्षक, डॉ. अजीत शुक्ला, सुश्री विभा सिंह, गौरव त्रिपाठी, अमरनाथ कुशवाहा, दीपक शास्त्री, राघवेन्द्र मिश्र, सुनील मिश्रा आदि मौजूद रहे।होते हैं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]