Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भोजपुरियांचल में माईभाषा के सेवा के मिसाल बनल ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2022’

9,424
  • गंगा रतन बिदेसी के औडियो बुक भइल लॉंच। 
  • डॉ॰ प्रकाश उदय के पहिला यायावरी शिखर सम्मान। 
  • देश के कोना-कोना से जुटले भोजपुरी प्रेमी 

भाषा भोजपुरी के बेहतरी अउरी उत्थान खातिर गोरखपुर के युवा लोगन के ओर से यायावरी भोजपुरी महोत्सव के आयोजन भइल, जेमें भोजपुरियांचल के साहित्य अउरी कला से जुड़ल कई प्रबुद्धजन लोग आपन सहभागिता दर्ज कइल। भोजपुरिया साहित्य अउरी समाज के लोक कला, संस्कृति अउरी भाषा के संरक्षण अउरी संवर्धन के क्षेत्र में काम करे वाली गैरसरकारी संस्था ईश्वर बृज फॉउंडेशन के ई अनूठा पहल हs।

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि श्री शिव प्रताप शुक्ल (माननीय सांसद राज्य सभा) रहलें अउरी समारोह के अध्यक्षता श्री दयानन्द पाण्डेय (वरिष्ठ पत्रकार अउरी साहित्यकार) कइलें।

कार्यक्रम के पहिला अउरी उद्घाटन सत्र 11:00 बजे दीपप्रज्ज्वलन के संगे शुरू भइल जेहमें पश्चिम बंगाल के वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी श्री मृत्युंजय कुमार सिंह रचित भोजपुरी उपन्यास ‘गंगा रतन बिदेसी’ के ऑडियो बुक लॉन्च कइल गइल।

एह अवसर पs डॉक्टर प्रकाश उदय के 21000 रुपये सम्मानराशि सहित पहिला ‘यायावरी शिखर सम्मान २०२१‘ प्रदान कइल गइल। संगही भोजपुरी के समृद्ध अतीत पs अतिथि लोगन के उद्बोधन भइल।

कार्यक्रम के दुसरा सत्र में ‘गंगा रतन बिदेसी:किताब से मोबाइल ले’ विषय पs डॉ. प्रकाश उदय से बातचीत अउरी बंगाल के वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी मृत्युंजय कुमार सिंह के हृदया त्रिपाठी अउरी चटनी टीम के साथे जैम सेशन भइल। एकरे संगही ‘कथाकारी प्रतियोगिता 2021’ के विजेता पहिला स्थान पs आइल राजन सिंह, दूसरा स्थान पs आइल संजीव शुक्ल सचिन आ तीसरा स्थान पs आइल मैकेश आ मांझिल सहित उमा उपाध्याय जी के सांत्वना पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। एह दौरान हर सत्र के बीचे यायावरी वाया भोजपुरी के फेसुबक पेज पs हर हफ्ता होखे वाला बुधवारी बइठकी में सामिल लोगन के सम्मानित कइल गइल।

तीसरा सत्र ‘भोजपुरिया इलीट के माईभाषा से नेह छोह’ विषय पs आयोजित रहल जेहमें डॉ. सुनील कुमार जायसवाल के मॉडरेशन में प्रसिद्ध लेखक सत्य व्यास, वरिष्ठ साहित्यकार विमल चन्द्र पाण्डेय एवं आ ट्रेवल ब्लॉगर के रूप में चर्चित संजय शेफर्ड से चर्चा-परिचर्चा भइल।

सत्र के संबोधित करत डॉ॰ प्रमोद कुमार तिवारी

 

चउथा सत्र के विषय ‘दंडी स्वामी से आज ले भोजपुरिया कथा-कहानी’ पs वैभव मणि त्रिपाठी के मॉडरेशन में युवा साहित्यकार सर्वेश तिवारी श्रीमुख, “भोजपुरित के थाती’ के लेखक डॉ. प्रमोद तिवारी अउरी नॉटनल के फाउंडर नीलाभ जी आपन सारगर्भित व्याख्यान देहलें।

पांचवां सत्र में ‘संस्कृति के राजनीति : गारी, गोली आ झाल’ विषय पs भोजपुरी के प्रसिद्ध लोकगायक श्री मुन्ना सिंह जी से दिल्ली विश्वविद्यालय के असिस्टेंट प्रोफेसर डॉ. मुन्ना पाण्डेय के मॉडरेशन में चर्चा परिचर्चा के संगे उहाँ के जिनगी के पन्नन के कुछ पहलुअन पs बतकही के संगे गीत-गवनई भइल।

छठवा सत्र ‘भोजपुरी के समावेशी प्रवृत्ति : जात के जकड़न में साहित्य‘ पs केंद्रित रहल जेहमें कुमार अभिनीत के मॉडरेशन में पूर्वांचल भर में चर्चित रविन्द्र श्रीवास्तव ‘जुगानी’ अउरी डॉ. विक्रम हरिजन से चर्चा परिचर्चा भइल।

सातवां सत्र ओपन माइक के रहल जेहमें कुमार आशू , आदित्य राजन, आलोक नायक, राज नन्दिनी अउरी अमनपाल यादव अपना प्रस्तुति से लोगन के मन मोह लेहलें।

यायावरी भोजपुरी महोत्सव के अंतिम अउरी समापन सत्र मैनावती देवी के समर्पित रहल। एहमें आजादी के अमृत महोत्सव पs झारखंड के बोकारो से आइल लोकप्रिय गायिका चंदन तिवारी अपना विशेष प्रस्तुति से श्रोता लोग के दिल में खास जगे बनवली।

 

महोत्सव के समापन में धन्यवाद ज्ञापन करत डॉ. क्षमा त्रिपाठी द्वारा एकरा सफल बनावे खातिर लोगन के आभार प्रकट कइल गइल।

बता दीं कि एह महोत्सव के प्रायोजक गीतांजलि स्टोर (गोलघर, गोरखपुर) के मालिक विनेन्द्र जी,  मीडिया पार्टनर के रुप मे ‘खबर भोजपुरी’ आ ‘द फोटान न्यूज’ रहे आ कार्यक्रम के आयोजन में संस्था के अध्यक्ष बृजेश्वर मणि त्रिपाठी के मार्गदर्शन में समूचा यायावरी टीम जेमे वैभव मणि त्रिपाठी, डॉ॰ छमा त्रिपाठी ,गौरव मणि त्रिपाठी, अनुराग रंजन, सुधीर कुमार मिश्र, आशुतोष तिवारी आ शिवांगी पाठक के खासा जोगदान रहल।

कार्यकर्म के सफलता में आदित्य राजन, शरद बघेल, वेदान्त सिंह, यशवंत, सतीश दुबे, उत्सव, शिवेंद्, आयुष, अमरेन्द्र, अमर आ शिवशंकर के सराहे जोग जोगदान रहल।

कार्यक्रम स्थल पs रविन्द्र जी अलग-अलग भोजपुरी किताबन आ दीप्ति मिश्रा (द रोशनी फाउंडेशन) आपन कला के पर्दशनी लगावल लो।। कार्यक्रम स्थल के सगरी साज-सज्जा विश्वेस जी के निर्देशन में भइल।

\

एह महोत्सव के अंतिम सत्र तक लोग आंनद लिहल। एह कार्यक्रम के सबसे अनूठा बात रहल कि देश के कोना-कोना से लोग पहुंचल। पटना से यशंवत मिश्रा, छपरा से विमलेंदु भूषण, सीवान से मैचबॉक्स के फाउंडर राणा प्रताप सिंह, अमन राजपूत, सतीश दुबे, विक्रमगंज आ सासाराम से राना अवधूत आ स्यंदन सुमन, कुशीनगर से शैलेश सिंह, गोरखुपर के चर्चित हस्ती सुधा मोदी, रेखा पांडेय, मुकेश श्रीवास्तव, आशीष त्रिपाठी, प्रभु राजा, रिवेश प्रताप सिंह, अतुल शुक्ल, संदीप सिंह, चेतना पांडेय, विजय कुमार श्रीवास्तव, जगदंबा जायसवाल, तारकेश्वर शाही आदि भोजपुरी प्रेमी लोगन के जमावड़ा एह आयोजन के आउर व्यापकता के प्रतीक बनल।

309870cookie-checkभोजपुरियांचल में माईभाषा के सेवा के मिसाल बनल ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2022’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.