Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

137 साल में 56 नेता लोग सम्हारल कांग्रेस के कमान, जानीं का रहल बा कांग्रेस के नेतृत्व के इतिहास?

7,335

कांग्रेस में जारी उठापठक के बीच पार्टी हाईकमान अध्यक्ष पद के चुनाव कार्यक्रम जारी क देहलें बा। 17 अक्तूबर के अध्यक्ष पद खातिर चुनाव होई। 19 अक्तूबर के नतीजा आई।  चुनाव खातिर 22 सितंबर के अधिसूचना जारी कर देहल जाई। 24 सितंबर से 30 सितंबर ले एकरे खातिर नामांकन दाखिल कइल जा सकी।

अगर सबकुछ तय कार्यक्रम के तहत भइल त 19 अक्तूबर के कांग्रेस के अगिला अध्यक्ष मिल जइहें। का फिर से पार्टी के कमान गांधी परिवार के पास जाई आ कि सोनिया-राहुल अपने कौनो करीबी के ई जिम्मेदारी सौंपिहें? कांग्रेस के गठन से ले के अब ले पार्टी के कितना अध्यक्ष मिललें? एहमें से केतना लोग नेहरु-गांधी परिवार से रहल? केतने गैर नेहरू-गांधी पार्टी के अध्यक्ष रहलें? आईं जानल जाव…

स्थापना के कहानी का ह ?

कांग्रेस के स्थापना थियिसोफिकल सोसायटी के प्रमुख सदस्य रहल एओ ह्यूम 28 दिसंबर 1885 में कइलें। स्थापना के वक्त ह्यूम के साथ 72 अउरी सदस्य रहलें। पार्टी के गठन के बाद ह्यूम संस्थापक महासचिव बनलें अउरी वोमेश चंद्र बनर्जी के पार्टी के पहिला अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल। एकरे बाद से अब ले पार्टी के 56 अध्यक्ष मिल चुकल बानें। सबसे बेसी 45 साल ले पार्टी के कमान नेहरु-गांधी परिवार के लग्गे ही रहल बा

1885-1900 तक कौन-कौन रहा अध्यक्ष

1. वोमेश चंद्र बनर्जी
2. श्रीदाबा भाई नारोजी
3. बररूदीन तयाबजी
4. जॉर्ज येलू
5. सर विलियम वेडरबर्न
6. फेरोजेशा मेहता
7. अल्फ्रेड वाब
8. सुरेंद्रनाथ बनर्जी
9. रहिमुतुल्लाह एम सयानी
10. सी शंकरन नायर
11. एनजी चंदवारकर
12. पी अनंदा चार्लू
13. सरोजनी नायडू

1919 ले नाइ रहल नेहरु-गांधी परिवार के ढ़ेर दखल

1885 से ले के 1919 तक कांग्रेस में नेहरु-गांधी परिवार के ज्यादा दखल नाइ रहल। एकरे बाद 1919 में कांग्रेस पार्टी के अमृतसर अधिवेशन में मोती लाल नेहरु के नया अध्यक्ष चुनल गइल। 1928 में उनके कलकत्ता के अधिवेशन में फिर से पार्टी के अध्यक्ष चुन लिहल गइल। एकरे अगिलही साल कांग्रेस के कमान मोती लाल नेहरु के बेटा पं. जवाहर लाल नेहरू के मिल गईल। लगातार दू साल उ कमान सम्हरनें फिर सरदार वल्लभ भाई पटेल के नया अध्यक्ष चुन लिहल गइल।

1936 अउरी 1937 में जवाहर लाल नेहरु फिर से अध्यक्ष बनावल गइलें। देश के आजादी के बाद 1951 में फिर से कांग्रेस के कमान पं. जवाहर लाल नेहरु के मिलल। एह बेर ऊ लगातार चार साल ले अध्यक्ष बनल रहलें।

1959 में कांग्रेस में इंदिरा गांधी के आगमन भइल अउरी ऊ अध्यक्ष बनली। 1960 में इंदिरा के हाथ से कांग्रेस के कमान नीलम संजीव रेड्डी के लग्गे चल गईल। 1978 से 1983 ले फिर से इंदिरा अध्यक्ष रहली। 1985 में कांग्रेस के कमान राजीव गांधी के मिलल अउरी छह साल ले उ कुर्सी सम्हरली। 1998 में सोनिया गांधी के अध्यक्ष बनावल गइल। एकरे बाद 2017 ले ऊ 19 साल ले पार्टी के टॉप लीडर बनल रहली। 2017 में सोनिया ने बेटा राहुल गांधी के कांग्रेस के कमान सौंप देहलें। हालांकि कई राज्यन अउर लोकसभा चुनाव में मिलल हार के बाद राहुल 2019 में अध्यक्ष पद छोड़ दिहलें। तब से सोनिया गांधी ही पार्टी के अंतरिम अध्यक्ष बनल बाड़ी।

1900-1947 : नेहरु परिवार के पास पहुंचल कमान

14. दीनशॉ इडूलजी वाचा
15. लाल मोहन घोस
16. श्रीहेनरी कॉटन
17. गोपाल कृष्ण गोखले
18. मदन मोहन मालवीय
19. बिशन नारायण दार
20. नवाब सैय्यद मोहम्मद बहादुर
21. सत्येंद्र प्रसन्न सिन्हा
22. अंबिका चरण मजूमदार
23. एनी बेसेंट
24. सैय्यद हसन इमाम
25. मोतीलाल नेहरू  (1919)
26. सी. विजय राघवाचार्य
27. हाकीम अजमल खान
28. देशबंधु चितरंजन दास
29. मौलाना अबुल कलाम आजाद
30. मोहनदास करम चंद गांधी  (1924)
31. एस श्रीनिवास अय्यंगर
32. एमए अंसारी
33. वल्लभ भाई जे पटेल
34. डॉ. राजेंद्र प्रसाद
35. सुभाष चंद्र बोस
36. जेबी कृपलानी
37. पं. जवाहरलाल नेहरू  (1929)
38. यूएन देहबर
39. नाइली सेन गुप्ता
40. भूपेंद्र नाथ बोस
41. रघुनाथ नरसिन्हा मधुहोल्कर
42. राश बेहरी घोस

1947-1990 ले ई लोग रहल कांग्रेस के अध्यक्ष

43. जगजीवन राम
44. बी. पिताभाई सितारम्मैया
45. पुरुषोत्मदास टंडन
46. एन संजीव रेड्डी
47. एस निजालिंगप्पा
48. के कामराज
49. शंकर दयाल शर्मा
50. डीके बारूह
51. इंदिरा गांधी (1959)
52. राजीव गांधी (1985-1992)

1990-2021 : लमहर समय ले सोनिया गांधी रहली अध्यक्ष

53. पीवी नरसिम्हा राव
54. सीताराम केसरी
55. सोनिया गांधी (1998-2017, 2019 से अब तक)
56. राहुल गांधी (2017-2019)

317050cookie-check137 साल में 56 नेता लोग सम्हारल कांग्रेस के कमान, जानीं का रहल बा कांग्रेस के नेतृत्व के इतिहास?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.