[the_ad_group id="30365"]

जोर शोर से चल रहल बा ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2022’ के तइयारी, 20 अगस्त के बा कार्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साहित्य आ कला के प्रसार आ समाज, राजनीति, अर्थ जइसन सगरी विषयन पर मंथन करे के कोशिश में भोजपुरी साहित्य आ समाज के लोककला, संस्कृति आ भाषा के संरक्षण आ संवर्धन खातिर ईश्वर बृज फाउंडेशन के स्थापना 2020 में भइल। ‘यायावरी वाया भोजपुरी’ भोजपुरी भाषा के पहिला कहानी सुनावे वाला मोबाइल एप्लीकेशन ह, जवना के ईश्वर बृज फाउंडेशन के ओर से तैयार कईल गईल बा, जवना के माध्यम से भोजपुरी लोकभाषा अउरी देश अवुरी विदेश के मशहूर कहानियन के भोजपुरी भाषा में अनुवाद क के ऑडियो रूप में जनता तक पहुंचावल जाला, के तत्वावधान में ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2022’ आयोजित हो रहल बा।
यायावरी वाया भोजपुरी के परियोजनाधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी बतवलें कि ई आयोजन शनिचर, 20 अगस्त 2022 के 11:00 बजे होटल क्लार्क (पार्क रोड) में होखे वाला बा। एकर मुख्य अतिथि श्री शिव प्रताप शुक्ला जी (माननीय संसद सदस्य राज्यसभा) बाड़े आ एह समारोह के अध्यक्षता श्री दयानंद पाण्डेय जी (वरिष्ठ पत्रकार आ साहित्यकार) करे के बानें।
कार्यक्रम के पहिला आ उद्घाटन सत्र 11:00 बजे दीप प्रज्वलन के साथे होखी जवना में ‘गंगा रतन बिदेसी’ के ऑडियो बुक आ ios एप्लीकेशन के लोकार्पण कइल जाई। एह मौका पर डॉ. प्रकाश उदय के पहिला ‘यायावरी शिखर सम्मान 2021’ दिहल जाई जवना में 21000 रुपिया के मानदेय देय बा। साथही भोजपुरी के समृद्ध अतीत पर मेहमानन के संबोधन होखी।
दूसरा सत्र में डॉ. प्रकाश उदय जी से ‘गंगा रतन बिदेसी’ किताब से ले के मोबाइल ले’ विषय पर बतकही, एम.के. सिंह के हृदय त्रिपाठी आ चटनी टीम का साथे जैम सेशन होखी. एकरा संगे-संगे ‘कथाकरी प्रतियोगिता 2021′ के विजेता अवुरी बुधवारी से जुड़ल आगंतुक के अभिनंदन समारोह होई।
तीसरा सत्र के आयोजन ‘भोजपुरिया एलिट के माईभाषा से नेह छोह’ विषय पर कइल जा रहल बा जवना में डॉ. सुनील कुमार जायसवाल के संचालन में सत्य व्यास, विमल चंद्र पाण्डेय आ संजय शेफर्ड जी का साथे बतकही आ चरचा कइल जाई.
चउथा सत्र ‘दंडी स्वामी से आज ले भोजपुरिया कथा-कथा’ विषय पर बा जवना पर डा. प्रमोद तिवारी, नीलभ आ निराला बिदेशिया आपन व्याख्यान दीहें.
पांचवा सत्र में डॉ. मुन्ना पाण्डेय के संचालन में मशहूर लोकगायक श्री मुन्ना सिंह जी के संगे ‘संस्कृति के राजनीति: गारी, गोली आ झाल’ विषय प चर्चा होई।
छठवाँ सत्र ‘भोजपुरी के समावेशी संस्कृति: जात के जकड़न में साहित्य’ पर केन्द्रित बा जवना में रविन्द्र श्रीवास्तव ‘जुगानी’, विक्रम हरिजन आ से अमित कुमार का साथे चरचा होखी।
यायावरी भोजपुरी महोत्सव के अंतिम आ समापन सत्र मैनावती देवी के समर्पित बा जवना में राकेश श्रीवास्तव अपना टीम का साथे मैनावती देवी के गीत प्रस्तुत करीहें. एह एपिसोड में गोरखपुर के आसपास के नवोदित कवि आ कलाकार लोग खातिर ओपन माइक के आयोजन कइल जाई आ आजादी के अमृत महोत्सव पर लोकप्रिय गायिका चंदन तिवारी के विशेष प्रस्तुति होखे वाला बा.
यायावरी वाया भोजपुरी के परियोजनाधिकारी गौरव मणि त्रिपाठी निहोरा करत कहलें कि एह अवसर पर रउआ सभे शुभचिंतक लोग के गरिमामयी उपस्थिति खातिर ईश्वर बृज फाउंडेशन आ यायावरी परिवार के प्रार्थना बा। सगरी मीडिया भाई लोग से भी निहोरा बा कि एह कार्यक्रम में अपना छायाकारन का साथे शामिल होखीं आ एकरा इज्जत में चार चाँद जोड़ीं। यायावरी वाया भोजपुरी रउआ सभे से निहोरा करत बा कि आके, आपन बोली, अपना भाषा के समृद्ध कला, संस्कृति, साहित्य आ विचारधारा के एह महाकुम्भ में आपन सहभागिता सुनिश्चित करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]