[the_ad_group id="30365"]

Yashoda: कानूनी पचड़ा में फंसल सामंथा रुथ प्रभु के ‘यशोदा’, मानहानि के आरोप के चलते ओटीटी रिलीज पर लागल रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साउथ अभिनेत्री सामंथा रुथ प्रभु आजुकल अपने फिलम ‘यशोदा’ के ले के सुर्खी में बनल बा। हालही में सिनेमाघर में दस्तक देबे वाली ‘यशोदा’ के दर्शक के भी बढ़िया रिस्पांस मिल रहल बा। उहवें, अब फिल्म मुश्किल में फंस गइल बा। फिल्म पर एक अस्पताल के नाम के उपयोग कइले के वजह से मानहानि के आरोप लागल बा, जेकरे बाद अब एकर ओटीटी रिलीज पs फिलहाल खातिर रोक लगा दिहल गइल बा। अइसे में अब ई निर्धारित दिन पs ओटीटी पर दस्तक नाइ देई।
यशोदा फिल्म रिव्यू

दरअसल, हैदराबाद के एगो डॉक्टर ‘यशोदा’ में अपने अस्पताल के नाम के उपयोग कइले पर मानहानि के आरोप लगवले बानें। ईवा आईवीएफ अस्पताल के मालिक डॉ. मोहन कुमार आरोप लगवलें कि फिल्म में अस्पताल के नाम के गलत इस्तेमाल कइल गइल बा। ऊ ‘यशोदा’ फिल्म के निर्देशक अउर निर्माता पर कथित रूप से अस्पताल के प्रतिष्ठा के खराब करे के आरोप लगवले बानें।
यशोदा
मानहानि के एह मामिला के सुनवाई सिविल कोर्ट करी। फिल्म 11 नवंबर के रिलीज भइल अउर एकर ओटीटी प्रीमियर 19 दिसंबर के निर्धारित कइल गइल रहे, लेकिन अब एह पर रोक लगा दिहल गइल बा। रिपोर्ट्स के मुताबिक, कोर्ट मामले के ले के मेकर्स से जवाब मंगले बा। साथ ही मेकर्स अउर अभिनेत्री के खिलाफ नोटिस जारी भइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]