Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रामनगर किला में होई फिल्म भोला के शूटिंग: अभिषेक बच्चन के संगे मुख्य किरदार में होइहें अजय देवगन

2,590

फिल्म अभिनेता अजय देवगन बियफे के बाबा दरबार में हाजिरी लगवलें। अभिनेता अजय देवगन जब भोले बाबा के चौखट पर आपन मनोकामना ले के पहुंचनें त जानकारी होखले के बाद उनके समर्थकन के हुजूम उमड़ पड़ल। अजय अपने प्रशंसकन के निराशो नाइ कइलें अउर हर-हर महादेव के जयघोष कsके उनके अभिवादन के जवाबो दिहलें। अजय देवगन कहनें कि बनारस आ के जइसन सब के लागsता, ओइसहीं हमहूँ के लग रहल बा, हर-हर महादेव।

रामनगर किला परिसर में होई शूटिंग

रामनगर किला परिसर अउर वाराणसी के आधा दर्जन स्थल पs दिसम्बर माह में अजय देवगन के निर्देशन में फ़िल्म भोला के शूटिंग होई। शूटिंग शुरू होखले से पहिले फ़िल्म अभिनेता अजय देवगन किला परिसर स्थित गंगा महल, खिड़की घाट,महारानी स्नानालय के संगे व्यास मंदिर के भ्रमण कs के लोकल लाइन प्रोड्यूसर संदीप भारद्वाज के आवश्यक दिशा निर्देशो दिहलें। चेतसिंह घाट देखले के बाद गंगा के रास्ता रामनगर किले के पश्चिमी किनारे से अंदर घुसल अभिनेता अजय देवगन लगभग 20 मिनट ले किला में घूमे के बाद गंगा मार्ग से ही वापस काशी विश्वनाथ मंदिर दर्शन खातिर चल गइनें।

दिसम्बर महीना में 6 से 9 दिसंबर के बीच प्रस्तावित फ़िल्म भोला के शूटिंग कइल जाई। एह फ़िल्म के निर्माता अउर निर्देशक दूनहू अजय देवगन हवें। सथवे अजय देवगन फ़िल्म में अभिषेक बच्चन के संगे मुख्य किरदार के भूमिका में नजर अइहें। फ़िल्म में अभिनेत्री के भूमिका में अमला पाल होई। एह फ़िल्म के शूटिंग रामनगर किला, चेतसिंह घाट, अस्सी घाट, दशाश्वमेघ घाट, शुलटंकेश्वर मंदिर अउर चुनार के किला में होखे के बा।

391040cookie-checkरामनगर किला में होई फिल्म भोला के शूटिंग: अभिषेक बच्चन के संगे मुख्य किरदार में होइहें अजय देवगन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.