[the_ad_group id="30365"]

राम मंदिर के इतिहास पर बनी फिलिम, निर्माण समिति  अमिताभ बच्चन से कइलस आवाज देवे के निहोरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में राम मंदिर साल 2023 में बन के तैयार हो जाई। राम मंदिर के 500 साल के इतिहास पर फिलिम बनावल जाई। श्री राम मंदिर निर्माण समिति के कहनाम बा कि ऊ अमिताभ बच्चन से मंदिर के इतिहास पर बन रहल फिल्म खातिर उनकर आवाज देवे के निहोरा कइले बानें। अभिनेता के आवाज के इस्तेमाल फिलिम में सूत्रधार के तौर पs कइल जाई। एह फिलिम में मंदिर बनवले के दौरान कइल गइल संघर्ष के कहानी दिखावल जाई। बता देईं कि दूरदर्शन पर एह फिल्म के दिखावे के एलान कइल गइल बा। एके ले के राम मंदिर निर्माण समिति के दू दिन के बैठक में चर्चा भी भइल।
राम मंदिर के 500 साल के इतिहास के लोग ले पहुंचावे के जिम्मेदारी मशहूर लेखक अउर फिल्म सेंसर बोर्ड के अध्यक्ष प्रसून के दिहल गइल बा। बता देईं कि उनके संगे छह सदस्यीय टीम काम करी अउर राम मंदिर समिति एह फिल्म बनावे के लेकर अपनी मंजूरी भी दे दी है। रिपोर्ट्स के अनुसार इस फिल्म को ले के अमिताभ बच्चन अउर प्रसून जोशी कौनो फीस नइखे लेत। बता देईं कि एह फिल्म के निर्देशन मशहूर फिल्म निर्देशक अउर कई दशक पहिले दूरदर्शन पर प्रसारित धारावाहिक चाणक्य के निर्माता निर्देशक डॉक्टर चंद्रप्रकाश द्विवेदी करिहें।
बता देईं कि राम जन्मभूमि के इतिहास पर फिल्म बनवले के योजना के राम जन्मभूमि परिसर में ही शनिचर साँझ के दू दिवसीय बैठक में अंतिम रूप दिहल गइल बा। बहुत जल्दी एह योजना पर काम शुरू होखे वाला बा। उहवें इंदिरा गांधी राष्ट्रीय कला केंद्र के सेक्रेट्री सच्चिदानंद जोशी एह फिल्म के दौरान कोऑर्डिनेशन के काम करिहें। श्रीरामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय के कहनाम बा कि एह फिल्म के जरिए मंदिर निर्माण के इतिहास के युवा पीढ़ी ले पहुंचावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]