[the_ad_group id="30365"]

ISRO: इसरो लॉन्च कइलस आपन सबसे छोट रॉकेट SSLV-D2, जानीं एकरा बारे में सब कुछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (ISRO) सुक के अपन नया आ सबसे छोट रॉकेट SSLV-D2 (Small Sataellite Launch Vehicle) के अंतरिक्ष में लॉन्च कs देलस। आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा में सतीश धवन स्पेस सेंटर से ई लॉन्चिंग कइल गइल। एसएसएलवी-डी2 अपना साथे तीन सैटेलाइट लेके अंतरिक्ष के उड़ान भरलस, जेमे अमेरिकी कंपनी अंतारिस के सैटेलाइट Janus-1, चेन्नई के स्पेस स्टार्टअप स्पेसकिड्ज के सैटेलाइट AzaadiSAT-2 आ इसरो के सैटेलाइट EOS-07 सामिल बा। ई तीनों सैटेलाइट्स 450 किलोमीटर दूर सर्कुलर ऑर्बिट में स्थापित कइल जाई।

लोअर ऑर्बिट में लॉन्च करे में काम में ले आवल जाएगा

इसरो के मोताबिक, एसएसएलवी 500 किलोग्राम तक के सैटेलाइट के लोअर ऑर्बिट में लॉन्च करे के काम में ले आवल जाला। ई रॉकेट ऑन डिमांड के आधार पs किफायती कीमत में सैटेलाइट लॉन्च के सुविधा देला। 34 मीटर लमहर एसएसएलवी रॉकेट के व्यास 2 मीटर बा। ई रॉकेट कुल 120 टन के भार के संगे उड़ान भर सकत बा।

बीतल साल अगस्त में असफल हो गइल रहे उड़ान

एह रॉकेट के पहिलका उड़ान बीतल साल अगस्त में असफल हो गइल रहे। बीतल साल एसएसएलवी के पहिला उड़ान के दौरान रॉकेट के दूसरका चरण के पृथक्करण के दौरान कंपन महसूस होखे के कारण लॉन्चिंग सफल ना हो सकल रहे। संगही रॉकेट के सॉफ्टवेयर उपग्रहन के गलत कक्षा में लॉन्च करत रहे, जवना के चलते इसरो एसएसएलवी के लॉन्चिंग के रद्द कs दिहल गइल रहे।

कुल वजन 175.2 किलोग्राम

एसएसएलवी-डी2 के कुल वजन 175.2 किलोग्राम बा, जेमे ईओस सैटेलाइट के वजन 156.3 किलोग्राम, Janus-1 के वजन 10.2 किलोग्राम आ AzaadiSat-2 के वजन 8.7 किलोग्राम बा। इसरो के मोताबिक, एसएसएलवी रॉकेट के लागत करीब 56 करोड़ रुपिया बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]