[the_ad_group id="30365"]

कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिले में अचानक घुसल एक्सयूवी, चालक के सूझबूझ से टरल हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

निषाद पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अउर प्रदेश के कैबिनेट मंत्री डॉ. संजय कुमार निषाद के काफिला में अचानक एक्सयूवी घुसले से उनकर कार अनियंत्रित हो गइल। चालाक के सूझबूझ से कौनो हादसा नाइ भइल। एडीजी गोरखपुर अखिल कुमार मामिला में जांच के आदेश दिहलें बानें।
जानकारी के अनुसार डॉक्टर संजय निषाद पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार जनपद गोरखपुर से सुल्तानपुर खातिर दिन में करीब 2 बजे जात रहलें।। बड़ेवन टोल प्लाजा पार करत एकाएक टोल बैरियर से ठीक पहिले सुरक्षा घेरा के तूड़ के पुलिस एस्कॉर्ट अउर वीआईपी कार के बीच मे एक लखनऊ के नंबर लिखल एक्सयूवी आ गइल। जेकरे चलते मंत्री के कार असंतुलित हो गइल। लेकिन चालक के सूझ बूझ के चलते टोल फाटक के कार पर गिरले से बचावल गइल। मंत्री के स्टाफ तत्काल सीओ हरैया, एसएचओ हरैया ले मामिला से अवगत करवलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]