Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LPG Cylinder Price: केंद्र सरकार देलस राहत! 115 रुपिया कम भइल LPG सिलिन्डर के दाम, पेट्रोल अभियो रुलाई 

जानकारी होखे कि घरेलू एलपीजी गैस सिलिन्डर के दाम बीतल 6 जुलाई, 2022 से स्थिर बा आ कवनो बदलाव नइखे कइल गइल। एही के संगे जहां केंद्र कमर्शियल गैस सिलिन्डर के दाम में जनताके जहां एगो आउर राहत देले बा, ओहिजा दूसरा ओर पेट्रोल-डीजल के कीमतन के लेके भी बदलाव कइल गइल बा। 

295

LPG Cylinder Price: 1 नवंबर से ईंधन के कीमतन में तनिका राहत दिहल गइल बा। महंगाई के मार झेल रहल लोगन के राहत देत केंद्र सरकार एलपीजी सिलिन्डर के दाम में कटौती कइले बिया। बता दीं कि LPG कमर्शियल सिलिन्डर के दाम 115.50 रुपिया कम कइल गइल बा। आज माने मंगर से 19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर 115.50 रुपिया सस्ता हो गइल बा। हालांकि, घरेलू एलपीजी सिलिन्डर के दाम में कवनो तरे के फेरबदल नइखे कइल गइल।

पेट्रोल में कमी के निर्णय लिहल गइल वापस

जानकारी होखे कि घरेलू एलपीजी गैस सिलिन्डर के दाम बीतल 6 जुलाई, 2022 से स्थिर बा आ कवनो बदलाव नइखे कइल गइल। एही के संगे जहां केंद्र कमर्शियल गैस सिलिन्डर के दाम में जनताके जहां एगो आउर राहत देले बा, ओहिजा दूसरा ओर पेट्रोल-डीजल के कीमतन के लेके भी बदलाव कइल गइल बा।  पेट्रोल के कीमतन में होखे वाला 40 पईसा के कमी वाला फसीला के वापस ले लिहल गइल बा। एसे अब जहां जनता के पेट्रोल के कीमतन में जवन तनी सा राहत मिले के उम्मीद रहे ओहपर पानी फिर गइल बा।

महानगरन में कमर्शियल LPG सिलेंडर के नया दाम

बात अगर देश के महानगरन में कमर्शियल गैस सिलिन्डर के नया कीमतन के करीं त दिल्ली में 19 किलो के इंडेन एलपीजी सिलेंडर के नया कीमत अब 1744 रुपिया हो गइल बा, जवन पहिले 1859.5 रुपिया रहे। ओहिजा मुंबई में 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर खातिर 1844 के बजाए अब मात्र 1696 रुपिया चुकावे के होई। चेन्नई में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमत अब 1893 रुपिया हो गइल बा, जवना खातिर पहिले 2009.50 रुपिया चुकावे के पड़त रहे। बात जदि कोलकाता के करीं त इहां अब कमर्शियल सिलेंडर के दाम 1846 रुपिया होई, जवन पहिले 1995.50 रुपिया रहे।

महानगरन में 14.2 किलो वाला घरेलू एलपीजी सिलेंडर के दाम के बारे में बताई त दिल्ली में घरेलू सिलेंडर के भाव 1053 रुपिया बा। जबकि कोलकाता में 1079 रुपिया, चेन्नई में 1068.5 आ मुंबई में 1052 रुपये में 14.2 किलो वाला सिलेंडर मिल रहल बा। बता दीं कि भारत के गैस कंपनी हर महीना के पहिला तारीख के एलपीजी गैस सिलेंडर के दाम तय करेली स। अब 1 नवंबर से लागू भइल ई नया रेट से जहां कमर्शियल सिलिन्डर के इस्तेमाल करे वाला लोगन के राहत मिली, पेट्रोल के निर्णय प कइयन गो लोग दुखियो बा।

366290cookie-checkLPG Cylinder Price: केंद्र सरकार देलस राहत! 115 रुपिया कम भइल LPG सिलिन्डर के दाम, पेट्रोल अभियो रुलाई 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.