[the_ad_group id="30365"]

गुजरात हादसा के बाद यूपी में पुल के रिपोर्ट तलब, क्षेत्रीय अभियंता अउर प्रबंध निदेशक के भेजल गइल चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात में पुल हादसा से सबक लेत यूपी में सब पुल के रिपोर्ट तलब कइल गइल बा पीडब्ल्यूडी मुख्यालय से सब क्षेत्रीय मुख्य अभियंता अउर सेतु निगम के प्रबंध निदेशक के चिट्ठी भेज के कहल गइल बा कि सब पुल के निरीक्षण कsके तत्काल रिपोर्ट मुहैया करावल जाई।

रिपोर्ट में ढांचागत संरक्षा से संबंधित राय के प्रमुखता दिहल जाए। पीडब्ल्यूडी विभागाध्यक्ष बतवलें कि सोमार साँझ विभिन्न क्षेत्र से रिपोर्ट आइल शुरू हो गइल बा। पूरे प्रदेश के एकीकृत रिपोर्ट तैयार करावल जाई।

प्रधानमंत्री मोदी लिहलें राहत अउर बचाव कार्य के जानकारी

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी राजभवन में उच्चस्तरीय बैठक क के मोरबी के हालात के समीक्षा कइलें। बैठक में पीएम के मोरबी में झूलत पुल टूटला के बाद से जारी बचाव अउर राहत कार्य के जानकारी दीहल गइल। एह दौरान त्रासदी से जुड़ल सब पहलुअन पर चर्चा कइल गइल।

प्रधानमंत्री एक बेर फिर जोर दिहलें कि हादसा से प्रभावित लोग के हरसंभव सहायता सुनिश्चित कइल जाई। बैठक में मुख्यमंत्री भूपेंद्र भाई पटेल, राज्य के गृह मंत्री हर्ष सांघवी, मुख्य सचिव, डीजीपी के अलावा गृह विभाग अउर गुजरात राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण के आला अधिकारी शामिल भइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]