[the_ad_group id="30365"]

Xiaomi भारत में बंद कइलस अपना ई कारोबार, लाखों लोग होइहें प्रभावित!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चाइनीज स्मार्टफोन निर्माता कंपनी Xiaomi भारतीय बाजार में अपने फाइनेंशियल कारोबार के बंद कs दिहले बा, हालांकि कंपनी के ओर एकर अभीन ले पुष्टि नइखे कइल गइल। रिपोर्ट के मुताबिक शाओमी Mi Pay अउर Mi Credit एप के जरिये अपने एप स्टोर अउर गूगल प्ले-स्टोर से हटा लिहल बा। एकर जानकारी सबसे पहिले अंग्रेजी टेक्नोलॉजी साइट TechCrunch देहले बा।

Mi Pay के तीन साल पहिले लॉन्च कइल गइल रहे। एमआई पे एप के जरिए यूजर्स पइसा ट्रांसफर कs सकल जात रहे अउर तमाम तरह के पेमेंट भी कs सकत रहल जाव। भारतीय राष्ट्रीय भुगतान निगम (एनपीसीआई) के एप्स के लिस्ट से भी Mi Pay एप गायब हो गइल बा। बता देईं कि टैक्स के लेके Xiaomi के खिलाफ भारत में जांच चल रहल बा।

एह मामला पर शाओमी इंडिया के प्रवक्ता कहलें कि अन्य मुख्य व्यावसायिक सेवा पर ध्यान केंद्रित करे खातिर हमनीके मार्च 2022 में एमआई फाइनेंशियल सर्विसेज के बंद क दिहनी जा। 4 बरिस के छोट अवधि में, हम हजारों ग्राहकन के जोड़े अउर सपोर्ट करे में सक्षम रहलें। हम एह प्रक्रिया के दौरान अपने भागीदार लोग के साथ काम कर रहल बानीं अउर अपने उपभोक्ता लोग के समर्थन कs रहल बानीं। हम भविष्य में अपने उत्पाद अउर सेवा के साथ सब के खातिर नवीनतम तकनीक अउर इनोवेशन लाइल जारी रखल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]