[the_ad_group id="30365"]

Whatsapp Down: दु घंटा बाद चालू भइल व्हाट्सएप, यूजर्स के मैसेज भेजे में आवत रहे दिक्कत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

करीब दु घंटा तक ठप रहला के बाद व्हाट्सएप के सेवा बहाल हो गइल। बता दीं कि भारत में दुपहरिया 12.30 से यूजर्स के व्हाट्सएप प मैसेज भेजे आ देखे में दिक्कतन के सामना करे के पड़त रहे। असल में, व्हाट्सएप के चैट आ ग्रुप चैट में ई डाउन देखे के मिलत रहे। यूजर्स के व्हाट्सएप प स्टेटस देखहूं में  दिक्कत के सामना करे के पड़त रहे। सबसे पहिले व्हाट्सएप ग्रुप चैट में मैसेज करे में समस्या देखे के मिलत रहे आ एकरा बाद नॉर्मलो चैट से यूजर्स मैसेज ना भेज पावत रहे लो। मेटा एकर पुष्टि कइलें रहे।

व्हाट्सएप के सेवा ठप होखला के लेके हजारन लोग सोशल मीडिया प शिकायत दर्ज करवले रहे। स्वतंत्र ट्रैकिंग पोर्टल ‘डाउनडिटेक्टर’ व्हाट्सएप के सेवा ठप होखला के पुष्टि कइले रहे, कि सोशल मीडिया मैसेजिंग प्लेटफॉर्म व्हाट्सएप के सर्वर डाउन हो गइल बा। भारत में यूजर्स के व्हाट्सएप के जरिए मैसेज भेजे में बहुते दिक्कत आवत रहे।

मेटा कंपनी के प्रवक्ता व्हाट्सएप ठप होखे के लेके बयान जारी कइलें रहस। ऊ कहले रहस कि हमनी के पता बा कि कुछ लोगन के संदेश भेजे में समस्या हो रहल बा आ हमनी के जल्दी से जल्दी सब केहू खातिर व्हाट्सएप के बहाल करे खातिर काम कर रहल बानी स। बता दीं कि हाले में व्हाट्सएप ऑफिशियली घोषणा कइलें रहे कि 25 अक्तूबर से व्हाट्सएप कइयन गो स्मार्टफोन में आपन सपोर्ट बंद दी। एह फोन में Apple जइसन बड़ कंपनी शामिल बा। ओकरा बाद व्हाट्सएप प ई डाउन देखे के मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]