Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीएमडब्ल्यू मोटरराड के एह बाइक के मिलल शानदार रिस्पॉन्स, 100 दिन में 1000 ग्राहकन के भइल डिलीवर

1,050

बीएमडब्ल्यू मोटरराड इंडिया के सब-500 cc श्रेणी में लेटेस्ट पेशकश नयका लॉन्च कइल गइल BMW G 310 RR (बीएमडब्ल्यू जी 310 आरआर) के भारत में ग्राहकन के काफी शानदार रिस्पॉन्स मिलल बा। एह साल 15 जुलाई में लॉन्च होखले के बाद से अब ले ग्राहकन के एह रोड रेसिंग बाइक के 1,000 से ज्यादा यूनिट्स डिलीवर कइल जा चुकल बा। एकरे अलावा, त्योहारी सीजन के दौरान मोटोराड के उत्साही ग्राहकन से अतिरिक्त 2,200 बुकिंग हासिल कइल गइल बा। कंपनी के मुताबिक एकर डिलीवरी जल्दिए शुरू होई।

कंपनी के कहनाम बा कि बेहद सफल बीएमडब्ल्यू 310 मॉडल सीरीज के तीसरा अउर नयका सदस्य के स्वागत करे वाला भारत पहिला देश बा। पहिला BMW G 310 RR के मूल रोड रेसिंग जीन विरासत में मिलल बा, जौन स्पोर्ट्स बाइक उत्साही लोग के आकर्षित कइले बा। शानदार सुपरबाइक डिजाइन अउर मॉडर्न टेक्नोलॉजी के कंबीनेशन के साथ, ई एगो दमदार राइडिंग मशीन ह। ई रेसट्रैक के सथही शहर के सड़क पर भी भरोसेमंद बाइक साबित होई।

बीएमडब्ल्यू मोटरराड BMW G 310 R, BMW G 310 GS अउर BMW G 310 RR के जर्मनी के म्यूनिख में विकसित कइले बा। अउर एके स्थानीय रूप से भारत के होसुर में सहयोगी टीवीएस मोटर कंपनी द्वारा बनावल जाsला।

भारत में पूरा तरह से निर्मित इकाइयन (सीबीयू) के रूप में उपलब्ध बीएमडब्ल्यू मोटरराड मोटरसाइकिल के श्रेणी में शामिल बा: Sport – BMW M 1000 RR, BMW S 1000 RR, BMW R 1200 RS, HP4 RACE; Adventure – BMW R 1250 GS, BMW R 1250 GS Adventure, BMW S 1000 XR, BMW F 850 GS, BMW F 850 GS Adventure; Roadster – BMW S 1000 R, BMW R 1250 R; BMW F 900 R; Heritage – BMW R18 Classic, BMW R nineT, BMW R nineT Scrambler, BMW R nineT Racer और Tour – BMW R 1250 RT, BMW K 1600 GTL, BMW K 1600 B, BMW K 1600 Grand America और Urban Mobility – BMW C 400 GT

365580cookie-checkबीएमडब्ल्यू मोटरराड के एह बाइक के मिलल शानदार रिस्पॉन्स, 100 दिन में 1000 ग्राहकन के भइल डिलीवर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.