[the_ad_group id="30365"]

नाव बदलला के बाद X के रेवेन्यु शेयरिंग प्रोग्राम शुरू : भेरिफाईड कंटेंट क्रिएटर्स कमा सकिहें पईसा ,मस्क लिखलें -क्रिएट एनीथिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वेरिफाइड कॉन्टेन्ट क्रिएटर्स अब माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) के माध्यम से पईसा कमा सकतारे। कंपनी पूरा दुनिया में एड रेवेन्यू शेयरिंग प्रोग्राम शुरू कईले बिया, जवन कि 14 जुलाई के शुरू भईल रहे।

एक्स आधिकारिक अकाउंट से पोस्ट करत लिखले कि, ‘आजु से एड्स रेवेन्यू प्रोग्राम दुनिया भर के यूजर खातीर लाइव हो गईल बा।’ मोनेटाइजेशन ऑन क के रउरा अपना पोस्टिंग खातिर पइसा कमा सकेनी। हमनी के एगो रचनाकार के रूप में रउआ के मेहनत के पईसा देवे के चाहत बानी जा ताकि रउआ आपन रोजी-रोटी जारी रख सकी। रउरा के पुरस्कृत करे के इ हमार पहिला कदम बा।

एह पोस्ट के रिप्लाई देत कंपनी के मालिक एलन मस्क लिखले कि, ‘क्रिएट एनीथिंग !’

ट्विटर आजु से ऐड्स रेवेन्यू साझा करे वाला कार्यक्रम के क्रिएटरन खातिर लाइव बना दिहले बा। कंपनी एकरा बारे में ट्वीट क के जानकारी देले बिया। कंपनी कहलस कि हमनी के चाहतानी कि एक्स (एक्स डॉट कॉम) इंटरनेट पs सबसे निमन जगह होखे, जवना से एगो निर्माता के रूप में कमाई कईल जा सके। एकरा संगे आपके प्रयास के इनाम मिले के चाही। ई हमनी के एह दिशा में पहिला कदम बा।

बता दीं कि कंपनी कुछ दिन पहिले एड्स रेवेन्यू शेयरिंग प्रोग्राम शुरू करे के एलान कईले रहे। कंपनी एह महीना के शुरुआत में कुछ क्रिएटरन के भी पइसा देले रहे। बाकिर अब एकरा मापदंड के तहत आवे वाला दोसरो यूजर यूजर्स सेटिंग में मोनेटाइजेशन टैब पs जा के एह रेवेन्यू शेयरिंग प्रोग्राम खातिर आवेदन कर सकेलें।

एलिजिबल होखे के कवन शर्त बा?

•सबसे पहिले रउरा ब्लू भा वेरिफाइड ऑर्गनाइजेशन के सदस्यता लेबे के पड़ी।

•राउर पोस्ट के पिछला 3 महीना में 150 लाख छाप होखे के चाहीं।

•कम से कम 500 फॉलोअर्स होखे के चाहीं।

रउरा सभे से बता दी कि हालही में ट्विटर पs एकर नाम आ लोगो दुनु बदलल गइल बा।ट्विटर आपन नाम बदल के एक्स डॉट कॉम कs दिहले बा। असल में जब से एलन मस्क ट्विटर के नयका बॉस बनल बाड़े तब से ऊ कुछ बदलाव करत बाड़न।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]