Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Twitter Ad Revenue: अब ट्वीट कs के कमाई पईसा, चाहीं 500 फॉलोअर्स, अइसे करीं अप्लाई

कुल मिलाके इहे बा कि एलन मस्क ट्विटर के नाम-ओ-निशान खतम कइल चाहत बाड़ें। रउआ में से कइयन लोग एक्स (ट्विटर) इस्तेमाल करत होई आ राउर अच्छा खासा फॉलोअर्स होई। रउओ आउर लोगन के तरे ट्विटर से कमाई कs सकत बानी। आईं एकर सब शर्तन के जानल जाव...

923

एलन मस्क कुछ दिन पहिलही Twitter पs मोनेटाइजेशन फीचर लॉन्च कइले बाड़ें आ ओकरा एक हफ्ता बादे ऊ ट्विटर के नाम बदलके X कs देलें बाड़ें। अब ट्विटर के X के नाम से जानल जाई। ट्विटर के मुख्यालय से ट्विटर के लोगो के हटाके X लगा दिहल गइल बा। एकरा अलावे ऑफसो में ट्विटर चिड़िया के एक्स से रिप्लेस कs देले बा। कुल मिलाके इहे बा कि एलन मस्क ट्विटर के नाम-ओ-निशान खतम कइल चाहत बाड़ें। रउआ में से कइयन लोग एक्स (ट्विटर) इस्तेमाल करत होई आ राउर अच्छा खासा फॉलोअर्स होई। रउओ आउर लोगन के तरे ट्विटर से कमाई कs सकत बानी। आईं एकर सब शर्तन के जानल जाव…

ट्विटर पs कमाई के शर्त का बा?

  • ट्विटर के मोनेटाइजेशन पॉलिसी समूचा दुनिया खातिर बा। सबसे पहिला शर्त इहे बा कि रउआ ट्विटर ब्लू के सब्सक्रिप्शन लेवे के होई जवना के कीमत डेस्कटॉप खातिर 900 रुपिया आ मोबाइल खातिर 650 रुपिया प्रति महीना बा।
  • दूसरका शर्त ई बा कि रउआ लगे कम-से-कम 500 फॉलोअर्स होखे के चाहीं।
  • तीसरका शर्त ई बा कि पिछला तीन महीना में रउआ ट्वीट पs 15 मिलियन इंप्रेशन होखे के चाहीं।
  • एह शर्तन के पूरा कइला के बाद रउआ ट्विटर के मोनेटाइजेशन के ज्वाइन कs सकत बानी।
  • 50 डॉलर के कमाई होखला के बाद रउआ पेमेंट मिल जाई।

ट्विटर मोनेटाइजेशन खातिर कइसे अप्लाई करीं?

  • सबसे पहिले रउआ अपना अकाउंट के सेटिंग में जाये के होई।
  • अब योर अकाउंट के ठीक नीचे Monetization के विकल्प लउकी।
  • ओह पs क्लिक कइला के बाद रउआ Subscriptions आ Ads revenue sharing के विकल्प लउकी।
  • जदि रउआ सब शर्तन के पूरा करत बानी तs एह दुनो विकल्प पs क्लिक कs के बैंक अकाउंट के जानकारी भरीं।
  • ओकरा बाद रउआ पोस्ट भा वीडियो के संगे विज्ञापन लउकी आ ओकरा बदला में रउआ पईसा मिली।
612950cookie-checkTwitter Ad Revenue: अब ट्वीट कs के कमाई पईसा, चाहीं 500 फॉलोअर्स, अइसे करीं अप्लाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.