Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एंड्रॉयड डिवाइस खातीर ChatGPT ऐप भारत में लॉन्च

827

ओपनएआई एंड्रॉयड डिवाइस खातिर चैटजीपीटी के ऐप लॉन्च कईले बा। एंड्रॉयड स्मार्टफोन यूजर एकरा के गूगल प्ले स्टोर से डाउनलोड क सकतारे। लॉन्च होखे से पहिले इ ऐप 22 जुलाई के प्री-रजिस्टर खातीर उपलब्ध हो गईल रहे। ए ऐप के लॉन्च के बाद ओ यूजर के डिवाइस पs स्वचालित रूप से लोड हो जाला, जवन कि पहिले से रजिस्ट्रेशन क लेले बाड़े अवुरी ऑटोमैटिक इंस्टॉल के विकल्प सक्षम बाड़े।

ओपनएआई अबे भारत समेत कुछ देश में एंड्रॉयड डिवाइस खातिर चैटजीपीटी के ऐप लॉन्च कईले बा। ओपनएआई आधिकारिक अकाउंट से ट्वीट कईलस कि, ‘एंड्रॉयड खातीर चैटजीपीटी अब अमेरिका, भारत, बांग्लादेश अवुरी ब्राजील में डाउनलोड खातीर उपलब्ध बा।’ हमनी के अगिला हफ्ता एकरा के अवुरी देश में लॉन्च करे के योजना बा।

एंड्रॉयड डिवाइस में चैटजीपीटी कईसे डाउनलोड कईल जाला?  

•सबसे पहिले एंड्रॉयड फोन से प्ले स्टोर पs जाईं। इहाॅंं

चैटजीपीटी टाइप क के ऐप के सर्च करीं।

• चैटजीपीटी के ऑफिशियल ऐप इंस्टॉल करीं, जवना में चैटजीपीटी के नीचे OpenaAI लिखल बा।

• ऐप खोल के आपन खाता बनाईं आ अगर रउरा लगे पहिले से खाता बा त सीधे लॉगिन करीं।

एंड्रॉयड डिवाइस के चैटजीपीटी ऐप में एप्पल आईडी लॉगइन क सकेले यूजर्स

ओपनएआई एंड्रॉयड डिवाइस के चैटजीपीटी ऐप में एप्पल आईडी से लॉगिन करे के विकल्प देले बा। यूजर एप्पल आईडी से लॉगिन क के चैटजीपीटी ऐप में आपन खाता बना सकतारे। एकरा संगे यूजर जीमेल अवुरी ईमेल आईडी के माध्यम से ए ऐप में साइनअप अवुरी लॉगिन क सकतारे।

इ ऐप मई में iOS डिवाइस खातिर लॉन्च भईल रहे।दू महीना पहिले मई में कंपनी आईओएस डिवाइस खातिर चैटजीपीटी ऐप लॉन्च कईले रहे। आईफोन के यूजर ऐप स्टोर पs जाके चैटजीपीटी ऐप डाउनलोड क सकतारे।

चैटजीपीटी यूजर के ए ऐप से कईसन फायदा होई?

ऐप इंस्टॉल कईला के बाद चैटजीपीटी के इस्तेमाल करे खातीर यूजर के बार-बार ब्राउज़र पs ना जाए के पड़ी। एकरा संगे ए ऐप में खोज के इतिहास सेव हो जाला, जवना के मदद से यूजर कवनो पुरान खोज देख सकेले। एकरा अलावे यूजर ए ऐप में मिलेवाला सभ फीचर के भी एक्सेस क सकेले।

दु बड़का एआई कंपनी

•एआई के ChatGPT खोलीं

•गूगल के बार्ड

ChatGPT आ बार्ड रउरा से कवनो सवाल पूछ सकेला। यानी कि ईमेल लिखे से लेके सीवी ले रउरा एकरा के बना सकेनी। चैटजीपीटी में रील के जवाब भी दिहल गईल बा कि आपके वीडियो के वायरल कईसे कईल जा सकता। चैटजीपीटी में इहो सुझाव दिहल जाला कि अपना पत्नी कका

गिफ्ट करे के बा। जइसे कि अगर कवनो विद्यार्थी के डेमोक्रेसी पs निबंध लिखे के बा त ऊ तुरते चैटजीपीटी पs टाइप क दी डेमोक्रेसी पs निबंध लिखीं।

 

610350cookie-checkएंड्रॉयड डिवाइस खातीर ChatGPT ऐप भारत में लॉन्च

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.