Chandra Grahan 2023: चंद्र ग्रहण शुरू,130 साल बाद बनल बा अइसन संयोग

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2023

  साल के पहिला चंद्रग्रहण बुद्ध पूर्णिमा के दिन शुरू हो गईल बा। ई ग्रहण रात के 8:46 बजे से शुरू भइल बा आ आधा रात के बाद 1:20 बजे खतम हो जाई। एह चंद्रग्रहण

Share

 

साल के पहिला चंद्रग्रहण बुद्ध पूर्णिमा के दिन शुरू हो गईल बा। ई ग्रहण रात के 8:46 बजे से शुरू भइल बा आ आधा रात के बाद 1:20 बजे खतम हो जाई। एह चंद्रग्रहण के अवधि लगभग 4 घंटा 15 मिनट के होई। बता दीं कि ई चंद्रग्रहण तुला आ स्वाति नक्षत्र में हो रहल बा। चंद्रग्रहण उपच्छाया चंद्रग्रहण होई। उपच्छाया चंद्रग्रहण के मतलब होला कि चंद्रग्रहण शुरू होखे से पहिले चंद्रमा पृथ्वी के उपच्छाया में घुस के ओहिजा से बाहर निकल जाला। बता दी कि बुद्ध पूर्णिमा आ चंद्रग्रहण के 130 साल बाद एक साथ होखे के ई दुर्लभ संजोग बा। ई चंद्रग्रहण तुला राशि आ स्वाति नक्षत्र में हो रहल बा।

चंद्रग्रहण कब होला

बता दी कि चंद्रग्रहण तब होला जब पृथ्वी सूर्य आ चंद्रमा के बीच आवेले। चंद्रग्रहण तब होला जब पृथ्वी सुरुज के चारों ओर कक्षा के दौरान चंद्रमा आ सुरुज के बीच आवेले।

एह राशियन के किस्मत चंद्रग्रहण के बाद चमकी

चंद्रग्रहण के बाद सिंह, मिथुन, मकर, धनु राशि के भाग्य चमक सकता। मकर राशि के लोग के बढ़िया काम मिल सकेला। एकरा संगे सिंह राशि के लोग के कारोबार में मुनाफा मिल सकता। मिथुन राशि के लोग के बेमारी से छुटकारा मिल जाई। धनु राशि के लोग के फायदा होई।

ना खाईं खाना

चंद्रग्रहण के नंगे भा खुला आँख से ना देखे के चाहीं। अयीसन कईला से आंख अवुरी पेट पे सीधा असर पड़ेला। चंद्रग्रहण के समय चंद्रमा प्रदूषित हो जाला। चंद्रग्रहण के असर गर्भ में बड़त बच्चा पे भी होखेला मने कि अगर कवनो गर्भवती महिला एकरा के नंगा चाहे खुलल आंख से देखे। चंद्रग्रहण के समय भोजन ना लेवे के चाही। गर्भवती महिला के घर से बाहर ना जाए के चाही।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.