[the_ad_group id="30365"]

NCR में फिर बढ़ल सीएनजी के दाम, नयका दर लागू, दिल्ली में अब 79.56 रुपया प्रति किलो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली-एनसीआर में सीएनजी के कीमत में 95 पइसा के बढ़त भइल बा। दिल्ली में अब ई 79.56 रुपया प्रति किलोग्राम मिली जबकि नोएडा, गाजियाबाद अउर गुरुग्राम में भी कीमत में बदलाव भइल बा। नयका दर सनीचर के बिहाने 6 बजे से प्रभावी होई। आईजीएल के कहनाम बा कि एकरे पीछे सबसे बड़ कारण प्राकृतिक गैस के कीमत में भइल बढ़ोतरी बा।

नोएडा, ग्रेटर नोएडा अउर गाजियाबाद में सीएनजी के कीमत 82.12 रुपया प्रति किलोग्राम हो गइल बा जबकि गुरुग्राम में ई 87.89 रुपया प्रति किलोग्राम हो गइल बा। दिल्ली अउर गुरुग्राम में सीएनजी के कीमत में लगभग आठ रुपया के अंतर बा।

एहसे पहिले 8 अक्टूबर के सीएनजी के कीमत में बदलाव कइल गइल रहल। आईजीएल के अनुसार 8 अक्तूबर के सीएनजी के कीमत में 3 रुपया इजाफा कइल गइल बा। एकरे बाद सीएनजी के कीमत 78.61 रुपया किलोग्राम हो गइल रहे जौन पहिले 75.61 रुपया किलोग्राम रहल।

ई कदम तब उठावल गइल रहे जब केंद्र सरकार द्वारा 1 अक्तूबर से प्राकृतिक गैस के कीमत में 40 फीसदी के बढ़ोतरी कइल जाए के रहल। साल के अंत में अब एक बेर फिर सीएनजी के दाम में बढ़ोतरी कइल गइल बा।

अब फिर सीएनजी के दाम के बढ़तही एकर असर आम लोग के जेब पर तुरंत पड़ सकsता। ओला-उबर जइसन सर्विसो ज्यादा चार्ज कs सकतिया। उहवें जौन लोग रोज ऑटो से सफर करेने उनहू के अब जेब ढ़ेर ढील करे के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]