[the_ad_group id="30365"]

अर्थव्यवस्था मजबूत, लेकिन वैश्विक कारण से पड़ सकsता असर, आरबीआई मुखिया क्रिप्टो पर फिर जतवलें चिंता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर देश के इकोनॉमी पर एक बेर फिर अहम टिप्पणी कइले बानें। ऊ कहनें कि भारत के अंतर्निहित आर्थिक गतिविधि मजबूत बनल बा अउर आवे वाले समय में भी इनके मजबूत बनल रहले के संभावना बा। हालांकि आरबीआई गवर्नर इहो कहलें कि देश के बाहरी कारक अर्थव्यवस्था के कुछ नुकसान पहुंचा सकsता। एहमें जियो पॉलिटिकल तनाव अउर वैश्विक मंदी के आशंका शामिल बा।

भारत के केंद्रीय बैंक के प्रमुख बुध के चेतावनी दिहलें कि अगिला वित्तीय संकट निजी क्षेत्र के क्रिप्टोकरेंसी से आई अउर उनकर अभीनो मानल बा कि क्रिप्टोकरेंसी के प्रतिबंधित कइल जाए के चाहीं। भारतीय रिजर्व बैंक के गवर्नर शक्तिकांत दास इहो कहनें कि क्रिप्टोकरेंसी के कौनो अंतर्निहित मूल्य नइखे अउर व्यापक आर्थिक अउर वित्तीय स्थिरता खातिर जोखिम पैदा करsला।

BFSI समिट के संबोधित करत आरबीआई गर्वनर कहनें कि वित्तीय स्थिरता खातिर क्रिप्टोकरेंसी बहुते खतरनाक बा। आरबीआई गर्वनर पहिलहू कह चुकल बानें कि एहसे देश के व्यापक आर्थिक ( Macro Economic) अउर वित्तीय स्थिरता ( Financial Stability) पs गंभीर खतरा पैदा हो सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]