Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

4 साल तक रहे कंपाउंडर, फेर बनल डॉक्टर: यूट्यूब से ऑपरेशन करे वाला फर्जी डॉक्टर गिरफ्तार

130
Google Ads 300*250 for posts

छपरा में यूट्यूब देखके ऑपरेशन करे वाला डॉक्टर के पुलिस 28 घंटा के अंदर पुलिस स्थानीय गड़खा थाना पुलिस आ एसआईटी के सहयोग से गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। एह कार्रवाई के लेके पुलिस के बड़ सफलता मानल जा रहल बा।

आरोपी चिकित्सक के पहचान गड़खा थाना क्षेत्र के बभनिया गांव निवासी अजित कुमार पूरी के रूप में भइल बा।  फिलहाल पुलिस आरोपी फर्जी डॉक्टर से पूछताछ कs रहल बिया। जवना के पूछताछ के बाद कानूनी प्रक्रिया के तहत न्यायालय भेजल जाई।

पथरी के शिकायत होखे पs कइले रहे ऑपरेशन

एसपी कुमार आशीष बतवलें कि 6 सितंबर 2024 के मढ़ौरा थाना के भुवालपुर ग्राम निवासी गोलू कुमार के देह में पथरी के शिकायत होखला पs ऑपरेशन खातिर ओकर परिजन ओकरा के लेके गरखा थाना के मोतीराजपुर बाजार इस्थित गणपति सेवा सदन के फर्जी डॉक्टर अजीत कुमार पूरी के पास पहुंचलें।

जहां ऑपरेशन के दौरान ओकर इस्थिति बहुते बिगड़ गइल, जवना के बाद ओकरा के पटना ले जाइल जात रहे, जहां रास्ते में उनकर मौत हो गइल। पुलिस टीम के सूचना प्राप्त होखला पs तत्काल गरखा थाना में कांड संख्या 572/24 दिनांक-07.09.24 धारा 105 बीएनएस दर्ज करत आगे के कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल।

मृतक के शव के पोस्टमार्टम कइला के पश्चात परिजनन के सउप दिहल गइल, जवना के उपरांत परिजन लोग दाह संस्कार कs देलस। एही क्रम में गरखा थाना पुलिस टीम एह घटना के अभियुक्त फर्जी डॉक्टर अजीत कुमार पूरी, ग्राम बभनिया, पोस्ट- पहाड़पुर, थाना- गरखा के गिरफ्तार कइले बिया।

कंपाउंडर से बनल डॉक्टर

आरोपी फर्जी डॉक्टर अजित कुमार पुरी छपरा में एगो डॉक्टर के क्लिनिक पs चार बरिसन तक कंपाउंडर के काम कइले रहे। एह दौरान मेडिकल से जुड़ल कीच अनुभव हो गइल। जवना के बाद धर्माबागी मोतिराज पुर में आपन निजी क्लिनिक के सुरुआत कs देलस। सुरू में ऑपरेशन खातिर छपरा आ आउर जगहन से डॉक्टर के बोलावत बा, बाकिर छव सितंबर के अपने से ऑपरेशन कs दिहल।

953940cookie-check4 साल तक रहे कंपाउंडर, फेर बनल डॉक्टर: यूट्यूब से ऑपरेशन करे वाला फर्जी डॉक्टर गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.