[the_ad_group id="30365"]

सिवान में बेखौफ भइले अपराधी, दिनदहाड़े युवक के माथा में गोली मार के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिवान में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एगो युवक के गोली मार के हत्या कऽ देले। जवना के चलते इलाका में सनसनी फैल गइल बा। घटना सोमवार के हऽ। परिवार जइसही लाश देखलस, चिल्ला चिली मच गइल। आशंका बा कि इ हत्या निजी विवाद के चलते भइल बा। मरेवाला के पहचान हुसैनगंज थाना क्षेत्र के गोपालपुर गांव के निवासी लल्लू उर्फ टक्की के रूप में भइल बा।

बता दीं कि लल्लू जब घर से शहर आवत रहले तऽ बाइक सवार अपराधी गोली मार के हत्या कऽ देले। मौका पs पहुंचल पुलिस लाश के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस।

युवक घर से सिवान शहर खातिर निकलल रहे

इ घटना के हुसैनगंज थाना क्षेत्र के कुतुबपुर छपरा गांव के बतावल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि सिवान-सिसवान मेन रोड के कुतुब छपरा गांव के नजदीक तक्की अपना घर से निकल के सिवान शहर गइल रहले, तबे बाइक सवार अपराधी उनका के पीछा कऽ के घेर लेले। अपना के घेराइल देख के तक्की आपन रास्ता बदल दिहलस। हालांकि अपराधी ओकरा के पीछा करत कुतुब छपरा गांव के चंवर में ईंट भट्ठा के चिमनी के लगे ओकरा माथा में गोली मार के हत्या क देले।

पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया

युवक के हत्या के बाद अपराधी मौका से फरार हो गइले। गांव के लोग पुलिस के एह बारे में जानकारी देलस। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस। फिलहाल पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]