Bihar News: पुलिस टीम पs हमला करे वाला दु बदमाश गिरफ्तार, बाइक लूटकांड के बाड़े सs आरोपी 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2024

गया शहर के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में अतवार के रात बाइक से पेट्रोलिंग कs रहल बाइक सवार 112 के पुलिस जवान पs हमला कs के हथियार आ बाइक लूटे वाला दुगो अपराधियन के पुलिस धर

Share

गया शहर के मुफस्सिल थाना क्षेत्र में अतवार के रात बाइक से पेट्रोलिंग कs रहल बाइक सवार 112 के पुलिस जवान पs हमला कs के हथियार आ बाइक लूटे वाला दुगो अपराधियन के पुलिस धर दबोचले बिया। एह संबंध में गया के सीनियर एसपी आशीष भारती बतवलें कि रात में मुफस्सिल थाना आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी वजीरगंज के सूचना प्राप्त भइल बा कि गेरे ओवर ब्रिज के नीचे डायल 112 के मोटरसाइकिल टीम पs कुछ अपराधियन के ओर से हमला कइल गइल बा।

पुलिस बाइक बरामद कइलस

सूचना मिलतही वरीय पुलिस अधीक्षक गया के ओर से एह ममिला के बहुते गंभीरता से लिहल गइल आ तुरंत अपर पुलिस अधीक्षक, गया, तकनीकी शाखा के पुलिस पदाधिकारी आ कर्मी आउर पुलिसकर्मियन के घटनास्थल पs भेजल गइल। घटनास्थल के निरीक्षण कs के अपराधियन के भागे के दिशा के पता कs के ओकनी के पीछा सुरू कइल गइल। छीनल गइल मोटरसाइकिल के बरामद कs लिहल गइल। घटनास्थल के आस पास के सीसीटीवी फुटेज के अवलोकन कइल गइल।

दु आरोपियन के पुलिस पकड़लस 

एह ममिला में अपराधियन के पहचान कs लिहल गइल बा।।अनुसंधान, सीसीटीवी फुटेज आ पूछताछ के आधार पs दुगो अपराधियन के गिरफ्तार कइल गइल बा। जेकनी से पूछताछ चल रहल बा। एह पs पुलिस अधीक्षक, गया आ अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी वजीरगंज के नेतृत्व में एह कांड में संलिप्त आउर अपराधकर्मियन के गिरफ्तारी खातिर लगातार छापामारी कइल जा रही है। एह ममिला में संलिप्त आउर अपराधकर्मियन के जल्दिये गिरफ्तार कs लिहल जाई। एह संबंध में मुफ्फसिल थाना के ओर से कांड दर्ज कs के अग्रतर कारवाई कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.