[the_ad_group id="30365"]

Women’s T20: महिला क्रिकेट विश्वकप के आगाज आज से, गूगल बनवलस सानदार डूडल

Women T20 World Cup 2024 Google doodle - फोटो: खबर भोजपुरी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महिला टी20 विश्व कप 2024 के आगाज आज से हो रहल बा। संयुक्त अरब अमीरात 2024 में महिला टी-20 विश्व कप के नवां संस्करण के मेजबानी करे जा रहल बा, जेमे दुनिया के अलग-अलग हिस्सन से दस टीम भाग लिही।

एह खास मवका पs क्रिकेट में महिला लोगन के शक्ति आ सामर्थ्य के सम्मानित करे खातिर गूगल अपना सर्च इंजन के होमपेज पs डूडल बनवले बा। आज गूगल के डूडल एह टूर्नामेंट के प्रतिभागियन के समर्पित कइले बा। एह बहुप्रतीक्षित टूर्नामेंट के सुरुआत आज बांग्लादेश आ स्कॉटलैंड के बीच शारजाह स्टेडियम में होखे वाला मुकाबला से हो रहल बा।

एह टूर्नामेंट के प्रारूप एह प्रकार होई कि दस टीमन के दु ग्रुप में विभाजित कइल जाई, हर ग्रुप में पांच टीम होई। हर समूह के शीर्ष दुगो टीम नॉकआउट में प्रवेश करी, जेमे सेमीफाइनल मुकाबला होई। ग्रुप ए में ऑस्ट्रेलिया, भारत, न्यूजीलैंड, पाकिस्तान, श्रीलंका बा, जबकि ग्रुप बी में दक्षिण अफ्रीका, इंग्लैंड, वेस्टइंडीज, बांग्लादेश आ स्कॉटलैंड के टीम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]