[the_ad_group id="30365"]

Google for India 2024: तीन अक्तूबर के होई गूगल के मेगा इवेंट, भारत में एआई के लेके हो सकत बा बड़ घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गूगल फॉर इंडिया 2024 (Google for India 2024) इवेंट 3 अक्तूबर के होखे जा रहल बा। एकरा खातिर मीडिया इनवाइटो भेजल गइल बा। गूगल फॉर इंडिया के ई 10वां एडिशन हs। गूगल हर साल गूगल फॉर इंडिया इवेंट के आयोजन करेला।

एह साल गूगल फॉर इंडिया इवेंट के सुरुआत 3 अक्तूबर सबेरे 11:30 बजे होई। गूगल इंडिया अपना एक्स हैंडल से इवेंट के जानकारी देले बा। पोस्ट में बाइनरी कोड में “Google for India – October 3rd,” लिखल बा। एह इवेंट में भारतीय यूजर्स खातिर एआई के लेके कुछ एक्सक्लूसिव घोषणा हो सकत बा।

Google for India, गूगल के प्रमुख इवेंट हs जेमे कंपनी भारत में डिजिटल प्रगति के बढ़ावा देवे के उद्देश्य से आपन नया-नया इनोवेशन के साझा करेले। एह इवेंट में आमतौर पs भाषा अनुवाद, डिजिटल भुगतान, स्थानीय व्यवसायन के समर्थन, शिक्षा आ सरकार के संगे रणनीतिक साझेदारियन से संबंधित घोषणा कइल जाला, जवन देस के डिजिटल इकोसिस्टम के सशक्त बनावे के दिशा में होला।

एह साल के घोषणा के बारे में गूगल अभी ले कवनो जानकारी नइखे देले बाकिर, बाकिर उम्मीद बा कि Google पिछला साल के महत्वपूर्ण घोषणा के आगे बढ़ावत भारत के डिजिटल परिदृश्य के लेके कवनो बड़ घोषणा कs सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]