[the_ad_group id="30365"]

IG के आदेस: हर थाना में 10 से 20 फीसदी बीट के जिम्मेदारी महिला पुलिसकर्मियन के, मिली विशेष ट्रेनिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महिला सिपाही के समय से थाना आइल आ फेर सांझ के घर चल जाये के रुटीन अब बदल जाई। एहू लोग से अब पुरुषन के तरे काम लिहल जाई। बाकिर, सहूलियत के संगे। आईजी जे.रविंद्र आदेस देलें बाड़ें कि हर शहरी थाना में 20 फीसदी आ देहात में दस फीसदी बीट के जिम्मेदारी महिला सिपाही के दिहल जाव। चरित्र सत्यापन, प्रार्थनापत्र जांच, पासपोर्ट सत्यापन जइसन कामन के करी लो। मकसद बा कि प्रोन्नति होखला पs जब ऊ लोग दरोगा भा निरीक्षक बने लो तब तक पुलिस के कामन के सीख चुकल होखे लो। गोरखपुर में आदेस के बाद कामो सुरू कs दिहल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, हरेक जिला में महिला सिपाहियन के तैनाती बा। कइयन गो अइसन थाना बा जेमे 50 से जादे सिपाही मवजूद बा लो, बाकिर ओह लोगन के लगे कवनो निर्धारित काम नइखे। ऑफिस में तैनाती के समय तs काम तय बा, बाकिर थाना पs तैनात महिला सिपाहियन के लगे कवनो काम नइखे। पिछला दिनन आईजी महराजगंज के दौरा कइलें तs पता चलल कि एगो थाना में करीब 39 सिपाही बा, बाकिर ऊ लोग खाली आवेला लो आ जायेला लो। ओह लोग के जिम्मे कवनो काम नइखे दिहल गइल।

एकरा बादे आईजी आदेस जारी कs के सब महिला सिपाही के बीट प्रभारी बनावे के आदेस देलें बाड़ें। एही तरे महिला दरोगा से काम लिहल जाई। आईजी इहो कहलें कि शहरी इलाका में बीट दिहल जाव। देहात के थानन में बीट देवे के दौरान एह बात के धेयान दिहल जाव कि ओहि गांव के जिम्मेदारी सउपल जाये तs थाना से अधिकतर पांच किलोमीटर के दायरा में होखे।

दरअसल, महिला आ पुरुष सिपाही के पदोन्नति के प्रक्रिया एके होला आ अब शासनो से निर्धारित बा कि जेतना भर्ती होई, ओमे 20 फीसदी महिलन खातिर आरक्षित बा, एह वजह से आवे वाला दिनन में एह लोगन के संख्या फोर्स में बढ़ल बा, जवना के देखत एह लोग से काम लेवे के फैसला लिहल गइल बा।

एह जिला में एतना महिला सिपाही

गोरखपुर में 602

कुशीनगर में 317

देवरिया में 396

महराजगंज में 240

आईजी जोन जे.रविंद्र कहलें कि महिला सिपाहियन के बीट पुलिस अधिकारी बनावे के आदेस दिहल गइल बा। अभी ले एह  लोगन के लगे कवनो निर्धारित काम नइखे। इस वजह से चाहियो के ई लोग काम ना कs पावेला लो। अब एह  लोगन के लगे जिम्मेदारी होई तs ई लोग आपन काम करी। एह लोगन के काम के समीक्षो कइल जाई। अच्छा काम करे वालन के सम्मानित कइल जाई तs शिकायतन पs कार्रवाईयो होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]