[the_ad_group id="30365"]

बिहार कैबिनेट के बैठक में बड़ फैसला: प्रवासी मजदूर के मौत पs दोगुना कइलस मुआवजा, डिसेबिलिटी के राशियो बढ़ावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार कैबिनेट मंंगर के देस के आउर हिस्सन में भा देस के बाहर प्रवासी मजदूरन के मौत पs अनुग्रह राशि‍ दोगुना कs के 2 लाख रुपिया करे के प्रस्‍ताव के मंजूरी देले बा।

पहिले मृतक के परिवार के बिहार सरकार एक लाख रुपिया के अनुग्रह राशि देत रहे जवन आखिरी बार 2008 में बढ़ावल गइल रहे। ई फैसला मुख्‍यमंत्री नीतीश कुमार के अध्‍यक्षता में भइल बैठक में लिहल गइल।

अपर मुख्‍य सचिव देलें जानकारी

पत्रकारन से बात करत अपर मुख्‍य सचिव एस सिद्धार्थ कहलें कि राज्‍य सरकार देस के आउर हिस्सन में भा देस के बाहर प्राकृतिक आपदा भा हादसा में प्रवासी मजदूरन के मौत पs अनुग्रह राशि‍ बढ़ावे के फैसला कइले बिया, जवन दुर्घटना/हादसा के 180 दिन के भीतर पीड़ि‍त परिवार के दिहल जाई।

ई प्रस्ताव राज्य श्रम संसाधन विभाग कैबिनेट के सोझा रखले रहे। एकरा पहिले मृतक के परिवार के एक लाख रुपिया देवे के प्राविधान रहे, जवन अंतिम बार 2008 में संशोधित कइल गइल रहे, अब पीड़ि‍त परिवार के दु लाख रुपिया मिली।

कैबिनेट में एहू फैसला के मिलल मंजूरी 

ओहिजा, हादसा में स्थायी विकलांगता होखला पs एक लाख रुपिया के अनुग्रह राशि के हकदार होई, जवन पिछला प्राविधान में 75,000 रुपिया होखल करत रहे, जबकि आंशिक वि‍कलांगता होखला पs अनुग्रह राशि के दोगुना कs के 75,000 रुपिया कइल गइल बा।

एकरा संगही कैबिनेट राज्य के कइयन औद्योगिक क्षेत्रन में बुनियादी ढांचागत सुविधन के निर्माण आ विकास खातिर 409 करोड़ रुपिया मंजूर कइले बा, जवन राज्‍य में निवेशकन के आकर्षित करी आ एकरा से रोजगार के अवसर बढ़ी।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]