[the_ad_group id="30365"]

नफरती भाषण केस में आजम खां सेशन कोर्ट में कइलें अपील, निचली अदालत सुनवले बा दु साल के सजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के नेता आजम खां निचली अदालत के फैसला के खिलाफ सेशन कोर्ट में अपील दाखिल कइले बाड़ें। एह पs सुनवाई करत कोर्ट आजम खां के अपील के निस्तारण तक जमानत पs रिहा कs देले बा। सजा पs रोक के प्रार्थना पत्र पs कोर्ट सरकार के नोटिस जारी कइले बा।

एह ममिला के सुनवाई 16 अगस्त के होई। बतावत चलीं कि सपा नेता आजम खां पs आरोप बा कि आठ अप्रिल 2019 के धमौरा गांव में जनसभा के दौरान आजम खां सांवेधानिक पद पs बइठल लोगन के खिलाफ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहस। एकर वीडियो वायरलो भइल रहे।

एकरा बाद एडीओ सहकारिता अनिल चौहान शहजादनगर थाना में आजम खां के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले रहस। पुलिस विवेचना के बाद चार्जशीट कोर्ट में दाखिल कइले रहे। सुनवाई के बाद एमपी-एमएलए कोर्ट मजिस्ट्रेट ट्रायल आजम खां के 15 जुलाई के नफरती भाषण देवे के ममिला में दोषी मानत दु साल के सजा सुनवले बा।

एकरा अलावे ढाई हजार रुपिया के जुर्माना लगवले बा। निचली अदालत के फैसला के खिलाफ आजम खां सुक के अपना अधिवक्ता के माध्यम से सेशन कोर्ट में अपील दाखिल कइलें।

जवना पs सुनवाई करत कोर्ट आजम खां के अपील के निस्तारण तक 20-20 हजार के दु जमानती आ एतनही धनराशि के मुचलका पs रिहा करे के आदेस देले बा। संगही कोर्ट सजा के प्रार्थना पत्र पs सरकार के नोटिस जारी करत सुनवाई खातिर 16 अगस्त के तारीख नियत कइले बा।

आजम संग अब्दुल्ला रहलें मवजूद

कोर्ट में सुनवाई के दौरान सपा नेता आजम खां के बेता अब्दुल्ला आजम मवजूद रहलें। कोर्ट परिसर में सपा समर्थको मवजूद रहे लो। आजम खां अपना बेटे के संगे 11 बजे कोर्ट पहुंचलें आ ढाई बजे तक कोर्ट में रहलें। ओकरा बाद अपना बेटा सहित घर चल गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]