छपरा। वेब जर्नलिस्ट्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया (WJAI) के सारण जिला इकाई के गठन सनिचर के दिने नगर पालिका चौक इस्थित एगो निजी होटल के सभागार में आयोजित आमसभा के दौरान सफलतापूर्वक संपन्न भइल। बैठक शांतिपूर्ण, सौहार्दपूर्ण और लोकतांत्रिक माहौल में भइल, जेमे जिला के वेब पत्रकारन के बड़ संख्या में सहभागिता देखे के मिलल।
एह महत्वपूर्ण बैठक में WJAI के राष्ट्रीय महासचिव डॉ. अमित रंजन आ राष्ट्रीय महासचिव (संगठन) मधूप मणि पिक्कू पर्यवेक्षक के रूप में उपस्थित रहल लोग। ओहिजा, सारण जिला पत्रकार संघ के अध्यक्ष डॉ. विद्याभूषण श्रीवास्तव चुनाव अधिकारी के जिम्मेदारी निभाव पूरा प्रक्रिया के निष्पक्ष आ पारदर्शी ढंग से सम्पन्न करावल लोग।
सर्वसम्मति से भइल पदाधिकारियन के घोषणा
बैठक में सर्वसम्मति से सारण जिला इकाई के पदाधिकारियन के घोषणा कइल गइल। संगठन के मजबूती देवे के उद्देश्य से वरिष्ठ, सक्रिय आ प्रतिबद्ध पत्रकारन के जिम्मेदारी सउपल गइल।
घोषित पदाधिकारी एह तरे बा लो-
- अध्यक्ष: सुरभित दत्त
- उपाध्यक्ष: केके सिंह सेंगर
- सचिव: गणपत आर्यन
- संयुक्त सचिव: रंजन श्रीवास्तव
- कोषाध्यक्ष: कबीर अहमद
कार्यकारिणी सदस्य: पंकज कुमार, मनोकामना सिंह, संजय कुमार पांडेय, मनोरंजन पाठक, धर्मेंद्र रस्तोगी आ रणजीत सिंह।
एकरा अलावे संगठन के विशेष आमंत्रित सदस्य के रूप में डॉ. अमित रंजन, चंदन कुमार आ डॉ. प्रियदर्शन श्रीवास्तव के सामिल कइल गइल।
डिजिटल पत्रकारिता के सशक्त बनावे के संकल्प
अपना संबोधन में राष्ट्रीय महासचिव डॉ. अमित रंजन कहलें कि WJAI वेब पत्रकारन के आवाज के मजबूती देवे, ओह लोगन के अधिकारन के रक्षा करे आ डिजिटल पत्रकारिता में पेशेवर मानकन के स्थापित करे खातिर लगातार काम कs रहल बा।
राष्ट्रीय महासचिव (संगठन) मधूप मणि पिक्कू संगठनात्मक विस्तार के समय के आवश्यकता बतावत नवगठित टीम के सुभकामना देलें।
चुनाव अधिकारी डॉ. विद्याभूषण श्रीवास्तव कहलें कि WJAI के सारण इकाई जिला में पत्रकारन के हितन के रक्षा, प्रशिक्षण आ एकजुटता खातिर अहम भूमिका निभाई।
21 फरवरी के होई राष्ट्रीय मीडिया सेमिनार
बैठक में सर्वसम्मति से ई निर्णय लिहल गइल कि 21 फरवरी 2026 के छपरा में एगो राष्ट्रीय मीडिया सेमिनार सह वर्कशॉप के आयोजन कइल जाई, जवना में देसभर के मीडिया विशेषज्ञ आ वेब पत्रकार हिस्सा ली लोग।
नवनिर्वाचित अध्यक्ष के संदेश
बैठक के अंत में नवनिर्वाचित अध्यक्ष सुरभित दत्त सब सदस्यन के प्रति आभार व्यक्त करत कहलें कि WJAI सारण जिला इकाई निष्पक्ष, निर्भीक आ जनहितकारी पत्रकारिता खातिर पूरा निष्ठा से काम करिहें।
आमसभा में राम बाबू कुमार सिंह, मनीष कुमार, अतुल कुमार श्रीवास्तव, ब्रज बिहारी प्रसाद, जितेंद्र कुमार, पंकज श्रीवास्तव, संतोष कुमार बंटी, रॉकी सिंह सहित कइयन गो पत्रकार उपस्थित रहल लोग।
Read Also: Mashrak Temple Theft : सारण के मशरक में थाना से सटल राम जानकी मंदिर से चोरी भइल करोड़न के मूर्ति








