Mashrak Temple Theft : सारण के मशरक में थाना से सटल राम जानकी मंदिर से चोरी भइल करोड़न के मूर्ति

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2026

मशरक (सारण)। बिहार में मंदिरन में लगातार हो रहल चोरी के घटना अब गंभीर चिंता के विषय बन गइल बा। ताजा मामला सारण जिला के मशरक थाना इलाका से सामने आइल बा, जहां थाना से

Share

मशरक (सारण)। बिहार में मंदिरन में लगातार हो रहल चोरी के घटना अब गंभीर चिंता के विषय बन गइल बा। ताजा मामला सारण जिला के मशरक थाना इलाका से सामने आइल बा, जहां थाना से सटल एगो पुरान राम-जानकी-शिव मंदिर से करोड़न रुपिया कीमत के अष्टधातु से बनल भगवान राम, माता सीता आ लक्ष्मण के मूर्ति चोरी हो गइल बा। हैरानी के बात ई बा कि मंदिर के देवाल सीधे थाना परिसर से लागल बा, ओकरा बादो चोर बेखौफ होके घटना के अंजाम देके आराम से फरार हो गइलें सs।

रात में ताला टूटल, सबेरे गर्भगृह मिलल खाली

बतावल जा रहल बा कि चोरी अतवार के देर रात कइल गइल। सोमार के भोर में जब मंदिर के पुजारी टुन्ना बाबा रोज के तरे पूजा-पाठ आ सफाई खातिर मंदिर पहुंचलें, तs देखलें कि मंदिर के मुख्य ताला टूटल बा। अंदर गर्भगृह में घुसतही उनकर होश उड़ गइल, काहेंकि भगवान राम, जानकी आ लक्ष्मण के मूर्ति गायब रहे। मंदिर परिसर में सामान बिखरल रहे आ माहौल पूरा सन्नाटा वाला बना गइल। खबर फइलतही अगल-बगल के लोगन के भीड़ जुट गइल।

स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि चोरी भइल मूर्ती करीब 100 साल से जादे पुरान बा आ अष्टधातु से बनल होखला के चलते कीमत करोड़न रुपिया के बतावल जा रहल बा। एकरा से गांव आ इलाका में गुस्सा आ डर दुनो के माहौल बन गइल बा।

CCTV के हार्ड ड्राइव ले उड़लें सs चोर

चोर एतना शातिर रहलें सs कि मंदिर में लागल CCTV कैमरा के हार्ड ड्राइव निकाल के ले गइलें सs, ताकि उनकर पहचान ना हो सके। हालांकि, जांच के दौरान मंदिर से सटल दलित बस्ती के इलाका में ताला तुड़े वाला औजार आ देवी-देवता के कपड़ा लावारिस हालत में मिलल बा, जवन ई संकेत दे रहल बा कि चोर जल्दी-जल्दी में भागल होइहें सs।

DSP-SP मौका पs पहुंचल लोग, डॉग स्क्वॉड तैनात

घटना के जानकारी मिलतही DSP संजय कुमार सुधांशु पुलिस बल के संगे मौका पs पहुंचलें। डॉग स्क्वॉड के टीम बोलावल गइल आ आसपास के इलाका में छानबीन कइल गइल। ग्रामीण SP संजय कुमार घटनास्थल पs पहुंच के जांच कइल लोग आ पुलिस टीम के सख्त निरदेस देलें कि चोरन के जल्दी से जल्दी पकड़ल जावs।

फिलहाल मशरक थाना में अज्ञात चोरन के खिलाफ FIR दर्ज कs लिहल गइल बा। पुलिस दावा कs रहल बिया कि सुराग मिल गइल बा आ जल्दिये चोर गिरफ्त में होइहे सs। एहतियात के तौर पs इलाका में अतिरिक्त पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा।

Read Also: Gujarat Typhoid Cases : गांधीनगर में मियादी बुखार के 110+ ममिला, चिंता के बीच अमित शाह देलें अहम दिशा-निर्देश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.