06 अप्रिल 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 6, 2026

दिनांक- 06/04/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग बैशाख कृष्ण पक्ष तिथि- चतुर्थी दिन के 02 बजके 10 मिनट ले, ओकरा बाद पंचमी। दिन- सोमार। अनुराधा नक्षत्र रात के 02 बजके 56 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 06/04/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन के 02 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सोमार।

अनुराधा नक्षत्र

रात के 02 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

सिद्धि जोग

दिन के 03 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/04/2026

बैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 04 बजके 34 मिनट ले।

दिन- मंगर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

भोर के 05 बजके 53 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

दिन के 04 बजके 16 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

केहू से मनमुटाव हो सकत बा, होत काम बिगड़ला के संभावना बा, मानसिक तनाव बनल रही, जतरा आदि में सावधानी रखीं, जवन काम कइल चाहत बानी ओमे अभी देरी होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन मिश्रित फल दी, रुकल काम बनी, मनचाहा काम वापस मिल सकत बा, पदोन्नति के अवसर बनी बाकिर स्वास्थ के धेयान रखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

जतरा आदि के जोग बनी, न्यायिक काम में सफलता मिली, अपनन का पूर्ण सहजोग मिली, कवनो सुखद समाचार प्राप्त होई, मन प्रसन्न रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

व्यक्तिगत जिनगी में प्रतिष्ठा सम्मान के ठेस पहुंच सकत बा, मन खिन्न रही, काम में बाधा आई, वाहन चलवला से जतरा आदि से बचीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

परिवार आ भाईयन से कलह आदि के जोग बनी, बेयपार में लेन देन साझेदारी सोच विचार के करीं, कवनो परिचित से द्रोह हो सकत बा, मन अशांत रही, बनत काम में बाधा आई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

पुरान कवनो रुकल काम बनी, समाज में सम्मान प्राप्त होई, कवनो अच्छा व्यक्ति से संपर्क बनी, पुत्र-स्त्री के स्वास्थ के चिंता बनल रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज जिनगी में कवनो ठोस निर्णय लेम, घर में प्रसन्नता के माहौल होई, धार्मिक काम के जोग बनी, प्रशासनिक क्षेत्र में सफलता प्राप्त होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मानसिक क्लेश आ तनाव बनल रही, बेकार में धन खर्च होई, शत्रु परेशान करी, देह में रोग आ चोट आदि लाग सकत बा, कवनो काम में जल्दीबाजी में लिहल निर्णय हानि पहुंचा सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

वाद-विवाद से बचीं, मुक़दमा आदि के निर्णय में समय लागी, केहू को धन देवे से बचीं, हानि उठावे के पड़ सकत बा, स्वास्थ में उतार चढाव बनल रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

शनि रउआ के लाभ दी, मान सम्मान बनी, कवनो अपना के समाचार मिली, पुराना चलल आ रहल विवाद शांत होई, उन्नति के रस्ता बनी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन अच्छा रही, तीर्थ यात्रा आदि के जोग बनी, बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई, साझेदारी कइल लाभदायक रही, संघतियन के सहजोग प्राप्त होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

धन के हानि उठावे के पड़ सकत बा, कवनो नया काम के सुरुआत मत करीं, वाहन चलावे से सावधान रहीं, अपना मन के बात केहू से मत कहीं , कवनो बड़ डील होत होत रुक सकत बा।

Read Also : Sitamarhi News : सीतामढ़ी के बाजितपुर में जुवक के मारल गइल गोली, अपाचे सवार बदमाश कइलें हमला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.