आज से सुरू होई IPL 2026, पिछला साल भइल भगदड़ के कारण अबकि बार ना होई ओपनिंग सेरेमनी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2026

नई दिल्ली। इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) 2026 के 19वां सीजन आज से सुरू होखे जा रहल बा। अगिला दू महीना तक क्रिकेट प्रेमियन के भरपूर रोमांच देखे के मिली। एह सीजन में 10 टीम मिलके

Share

RCB vs SRH opening match IPL 2026 at Chinnaswamy Stadium Bengaluru

नई दिल्ली। इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) 2026 के 19वां सीजन आज से सुरू होखे जा रहल बा। अगिला दू महीना तक क्रिकेट प्रेमियन के भरपूर रोमांच देखे के मिली। एह सीजन में 10 टीम मिलके कुल 74 मैच खेली। उद्घाटन मुकाबला बेंगलुरु के एम चिन्नास्वामी स्टेडियम में खेलल जाई, जहां रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) आ सनराइजर्स हैदराबाद (SRH) आमने-सामने होई।

एह साल काहे ना होई ओपनिंग सेरेमनी?

पिछिला साल आरसीबी के जीत के बाद बेंगलुरु में निकलल विजय जुलूस के दौरान भगदड़ में 11 फैंस के मौत हो गइल रहे। एह दुखद घटना के चलते बीसीसीआई एह साल उद्घाटन समारोह ना करे के फैसला कइले बा। हालांकि, 31 मई के फाइनल से पहिले भव्य समापन समारोह के योजना बनावल गइल बा।

फैंस के दिहल जाई श्रद्धांजलि

पहिला मैच से पहिले ओह 11 फैंस के श्रद्धांजलि दिहल जाई। स्टेडियम में एक मिनट के मौन रखल जाई आ मृतक लोगन के नाम देखावल जाई। संगही चिन्नास्वामी स्टेडियम में एगो स्मारक पट्टिका लगावल जाई। 11 कुर्सी हमेसा खातिर खाली रखल जाई, जवना के टिकट कबो ना बेचल जाई।

नंबर गेम समझीं

  • कुल 70 लीग मैच 13 जगह पs खेलल जाई
  • 12 दिन डबल हेडर (एक दिन में दू मैच) होई
  • राजस्थान, आरसीबी आ पंजाब आपन-आपन 2-2 होम ग्राउंड चुनले बा
  • राजस्थान के सुरुआती 3 मैच गुवाहाटी में आ बाकी जयपुर में होई

अब तक के विजेता टीम

  • चेन्नई सुपर किंग्स – 5 बार
  • मुंबई इंडियंस – 5 बार
  • कोलकाता नाइट राइडर्स – 3 बार
  • राजस्थान रॉयल्स – 1 बार
  • सनराइजर्स हैदराबाद – 1 बार
  • गुजरात टाइटंस – 1 बार
  • रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु – 1 बार

Read Also: IPL 2026 : चेन्नई सुपर किंग्स के बड़ झटका, धोनी चोट के वजह से चार मैच से बाहर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.