Gorakhpur News : प्रेस कांफ्रेंस अटेंड कs रहल पत्रकार विवेक अस्थाना के हार्ट अटैक से निधन

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2026

गोरखपुर : शहर के जानल-मानल पत्रकार आ समाजसेवी विवेक अस्थाना के सोमार के आनंद लोक हॉस्पिटल में हृदय गति रुकला से निधन हो गइल। जवना घरी उनका हार्ट अटैक आइल ऊ रामाडा होटल में एगो

Share

Journalist Vivek Asthana passes away due to heart attack during a press conference in Gorakhpur

गोरखपुर : शहर के जानल-मानल पत्रकार आ समाजसेवी विवेक अस्थाना के सोमार के आनंद लोक हॉस्पिटल में हृदय गति रुकला से निधन हो गइल। जवना घरी उनका हार्ट अटैक आइल ऊ रामाडा होटल में एगो प्रेस कांफ्रेंस अटेंड करत रहलें। ऊ गोरखपुर प्रेस क्लब के आवे वाला चुनाव में पुस्तकालय मंत्री पद खातिर जोर-शोर से प्रचार-प्रसार में जुटल रहस।

बता दीं कि ऊ पिछला साल हार्ट में दिक्कत होखला के कारण कुछ दिन तक अस्पताल में भर्ती रहल रहस। ऊ पत्रकार तs रहले रहस, एकरा संगही ऊ एगो रंगकर्मी रहस आ नाटक तुलसीदास के निर्देशन किया कइले रहस। एह नाटक के ऊ बिदेसन तक ले जाइल चाहत रहस। ऊ समाज के विकास खातिर आपन सकरात्मक सहजोग से आपन एगो अलग पहचान बनवले रहस।

ऊ पत्रकार के रूप में साहित्यिक आ सांस्कृतिक आयोजनों के कवरेज खातिर जरूर पहुंचल करत रहस। उनका निधन से गोरखपुर के पत्रकारिता जगत के बड़हन आघात पहुंचल बा। एह सूचना के बाहर आवतही मीडिया जगत में शोक के लहर दउर गइल।

Read Also: WJAI Saran : सर्वसम्मति से 11 सदस्यीय कमिटी घोषित, जिला अध्यक्ष मनोनीत भइलें सुरभित दत्त, गणपत आर्यन सचिव आ कबीर बनलें कोषाध्यक्ष

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.