[the_ad_group id="30365"]

विलियम्सन छोड़नें न्यूजीलैंड टेस्ट टीम के कप्तानी, पाकिस्तान के खिलाफ सीरीज में साउदी के बनावल गइल कप्तान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूजीलैंड के स्टार बल्लेबाज केन विलियम्सन टेस्ट टीम के कप्तानी छोड़ दिहलें बानें। उनके जगह पs टिम साउदी के न्यूजीलैंड के नयका टेस्ट कप्तान बनावल गइल बा। पाकिस्तान के खिलाफ टेस्ट सीरीज में टिम साउदी कीवी टीम के कप्तानी करिहें। विलियम्सन के कप्तानी में न्यूजीलैंड के टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के पहिला फाइनल जीते वाली टीम बनल रहे। खिताबी मुकाबिला में न्यूजीलैंड भारत के हरवले रहे।

न्यूजीलैंड क्रिकेट बोर्ड मंगर के जानकारी दिहलें कि केन विलियम्सन टेस्ट टीम के कप्तानी छोड़ले के फैसला कइले बानें अउर उनके जगह टिम साउदी के ई जिम्मेदारी दीहल गइल बा। केन विलियम्सन वनडे अउर टी20 में न्यूजीलैंड के कप्तान बनल रहिहें। ऊ 2023 वनडे विश्व कप अउर 2024 टी20 विश्व कप के तैयारी करिहें। उहवें, टॉम लाथम के टीम के कप्तान बनावल गइल बा।

2016 में ब्रेंडन मैकुलम के बाद न्यूजीलैंड के कप्तानी सम्हारे वाले केन विलियम्सन कहनें, “टेस्ट क्रिकेट में न्यूजीलैंड के कप्तानी कइल अविश्वसनीय रूप से विशेष सम्मान के बात रहल बा। हमरे खातिर, टेस्ट क्रिकेट खेल के शिखर ह अउर हम एह प्रारूप में टीम के नेतृत्व करे के चुनौतियन के आनंद लिहले बानीं।

आंकड़न में विलियम्सन न्यूजीलैंड के इतिहास में सर्वश्रेष्ठ टेस्ट कप्तान बानें। जे 40 में से 22 मैच जीतल बानें, सथही आठ ड्रॉ रहल अउर खाली 10 हारल बानें। उनके नेतृत्व में, न्यूजीलैंड टेस्ट चैम्पियनशिप के फाइनल में भारत के हरवलस अउर आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में शीर्ष स्थानो हासिल कइलें। कीवी टीम उनके अगुआई में पहिला टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल जीते के गौरव हासिल कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]