[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश पs फॉलाेऑन के खतरा: पहिला पारी में स्कोर 133/8, कुलदीप चार अउर सिराज तीन विकेट लिहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया बांग्लादेश के खिलाफ पहिले टेस्ट मैच के दूसरे दिन आपन स्थिति काफी मजबूत कs लिहले बा। पहिला पारी में 404 रन के स्कोर बनावे के बाद भारत स्टंप्स ले बांग्लादेश के पहिला पारी में 8 विकेट निकाल लिहले बा। मेजबान टीम अब ले खाली 133 रन बना सकल बिया। बांग्लादेश के ऊपर फॉलोऑन खेलले के खतरा मंडरा रहल बा। एहसे बचे खातिर अब्बो 72 रन के जरूरत बा।

भारत खातिर लेफ्ट आर्म चाइनामैन स्पिनर कुलदीप यादव सबसे ज्यादा 4 विकेट लिहले बानें। तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज 3 अउर उमेश यादव 1 विकेट लिहले बानें। उहवें, बांग्लादेश के ओर से मुशफिकुर रहीम (28) सबसे ज्यादा रन बनवलें। उनके अलावा लिटन दास (24) अउर जाकिर हसन (20) छोट-छोटी पारी खेलल लोग। नुरुल हसन अउर मेहदी हसन मिराज एक समान 16-16 रन बनवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]