Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs BAN 1st Test Day 1: पहिला दिन के खेल खत्म होखे तक भारत के स्कोर 278/6, श्रेयस अय्यर क्रीज पs

928

India vs Bangladesh (IND vs BAN) 1st Test, Day 1: भारत आ बांग्लादेश के बीच दु मैचन के टेस्ट सीरीज के पहिला मुकाबला चटगांव में खेलल जा रहल बा। पहिला दिन भारत टॉस जीतके बल्लेबाजी करत छव विकेट के नुकसान पर 278 रन बनवलस। श्रेयस अय्यर 82 रन बनाके खेल रहल बाड़ें। ओहिजा, पुजारा 90 रन बनाकर आउट हो चुकल बाड़ें।

पहिला दिन के खेल खत्म

पहिला दिन के खेल खत्म भइला तक भारत के स्कोर छव विकेट पs 278 रन बा। श्रेयस अय्यर 82 रन बनाके खेल रहल बाड़ें, जबकि रविचंद्रन अश्विन के बल्लेबाजी खातिर आइल बाकी बा। एकरा बाद पुछल्ला बल्लेबाज सुरू हो जाई लोग। दूसरका दिने श्रेयस अय्यर के संगे अश्विन बल्लेबाजी खातिर अइहें आ भारतीय टीम 350 रन के करीब स्कोर बनावे के कोसिस करी।

पहिला दिने का भइल?

भारतीय कप्तान लोकेश राहुल टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलें। ऊ गिल के साथे मिलके निम्मन सुरुआत देलें। हालांकि, गिल 20 रन बनाके आउट हो गइलें। एह समय टीम के स्कोर 41 रन रहे। गिल के पवेलियन लौटतही कप्तान राहुल आ विराट कोहली आउट हो गइल लोग। 48 रन के स्कोर पs तीन विकेट गंववला के बाद भारतीय टीम मुश्किल में रहे। एकरा बाद पंत आ पुजारा भारतीय पारी के संभरले। दुनो खिलाड़ी चउथा विकेट खातिर 64 रन के साझेदारी कइल लोग। एकरा बाद पंत 46 रन बनाके आउट हो गइलें।

पुजारा श्रेयस के साथे मिलके पारी के आगे बढ़वलें। दुनो खिलाड़ी सानदार बल्लेबाजी कइल आ आपन-आपन अर्धशतक पूरा कइल लोग। हालांकि, पुजारा दिन के अंत में शतक बनावे से ठीक पहिले आउट हो गइलें। ऊ 90 रन के पारी खेललें। एकरा बाद अक्षर श्रेयस के संगे मिलके 19 रन जोड़लें, बाकिर दिन के आखिरी गेना पs उहो आउट हो गइले। अब श्रेयस अय्यर क्रीज पs बनल बाड़ें। अभी, रविचंद्रन अश्विन, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज आ उमेश यादव के बल्लेबाजी कइल बाकी बा।

पहिला दिन बांग्लादेश खातिर तैजुल इस्लाम तीन विकेट लेलें। ओहिजा, मेहदी हसन मिराज के दु विकेट मिलल। खालेद अहमद के नावे एगो सफलता लागल। इबादत हसन श्रेयस अय्यर के आउट कs देले रहस, बाकिर बेल्स ना गिरल आ श्रेयस अभियो खेल रहल बाड़ें।

दिन के आखिरी गेना पs आउट भइलें अक्षर

अक्षर पटेल पहिला दिन के आखिरी गेना पs आउट हो गइलें। महेदी हसन के गेना पs अक्षर टर्न खातिर खेललें आ डिफेंस कइलें, बाकिर गेना सीधा रहल आ अक्षर के पैड में जाके लागल। अंपायर उनका आउट दे देलें। अक्षर रिव्यू लेले, बाकिर ऊ आउट रहलें।

410000cookie-checkIND vs BAN 1st Test Day 1: पहिला दिन के खेल खत्म होखे तक भारत के स्कोर 278/6, श्रेयस अय्यर क्रीज पs

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.