Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

का रउओ फोन में सपोर्ट करी Jio के 5G, देखीं कुछ कंपनियन के 5G मोबाइल के लिस्ट

3,209
इहां एगो सबसे बड़ सवाल ई उठsता कि का सब 5G स्मार्टफोन में Jio 5G SA नेटवर्क सपोर्ट करी? 5G स्मार्टफोन में भी बैंड के ले के कई लोग के समस्या हो सकsता। अइसन में अगर रउओ जियो के 5G सिम लेवे के सोच रहल बानीं त पहिले ई लिस्ट देख लेईं। एह लिस्ट में उ सब स्मार्टफोन बा जेमे Jio 5G SA सपोर्ट करी
Jio Stand Alone 5G

Jio 5G SA बैंड्स

सबसे पहिले रउआ के बता देईं कि Jio के 5जी नेटवर्क n3, n5, n28, n77 अउर n78 बैंड्स के सपोर्ट करsला अउरी सब 22 सर्किल में एकर सेवाएं मिली। शुरुआत में कुछ मेट्रो शहर से Jio 5G सेवा शुरू होई। आपके खातिर इहो जानल बहुत जरूरी बा कि आपके फोन में एह बैंड्स के सपोर्ट बा कि नाइ।
Xiaomi 12 Pro 5GXiaomi 12 Pro 5G – फोटो : Xiaomi

Xiaomi, Redmi अउरी Poco स्मार्टफोन

शाओमी, रेडमी और पोको में 5G SA अउर 5G NSA (नॉन-स्टैंडअलोन) दूनों तरह के 5जी नेटवर्क के सपोर्ट बा। शाओमी इहो कहले बा कि OTA के जरिए ओह सब फोन के SA 5G का सपोर्ट दिहल जाई, जेमें NSA के सपोर्ट बा। शाओमी के Xiaomi 11 Lite NE 5G से ले के Xiaomi 12 Pro तक सब फोन में जियो के 5जी सपोर्ट करी।
उहवें Redmi K50i 5G अउरी Redmi Note 11T 5G के साथ भी SA के सपोर्ट बा त एहमें भी जियो के 5जी सपोर्ट करी। पोको के M4 5G से लेकर X4 Pro 5G में NSA अउरी SA नेटवर्क के सपोर्ट बा त एह फोन में भी जियो 5जी के सपोर्ट रही।
Realme GT Neo 3TRealme GT Neo 3T – फोटो : Realme

Realme 5जी फोन

रियलमी के Realme 9 Pro Plus 5G अउर Realme 9 Pro 5G के साथ NSA अउरी SA दूनों 5जी बैंड्स के सपोर्ट बा, त एह फोन में जियो के 5जी चली। सथही Realme 9i 5G में भी NSA अउरी SA दूनों 5जी बैंड्स के सपोर्ट बा। उहवें Realme GT सीरीज के स्मार्टफोन में भी NSA अउरी SA दूनों 5जी नेटवर्क के
सपोर्ट मिली। रियलमी के अन्य फोन में 5G SA के ले के कंपनी कुछ कहले नाइ बा लेकिन एगो अपडेट के बाद रियलमी के NSA नेटवर्क वाले फोन में भी जियो 5जी चलावल जा सकी।
OnePlus 10T ReviewOnePlus 10T Review – onePlus

OnePlus 5जी फोन

वनप्लस स्मार्टफोन में जियो 5जी सपोर्ट वाले फोन के बात कइल जाव त OnePlus 8 series से ले के पहिले OnePlus Nord 5G तक में 5जी के सपोर्ट बा, हालांकि n78 बैंड के ले के एह फोन के आलोचना भी चुकल बा। OnePlus Nord अपने फोन में NSA चाहे SA 5जी सपोर्ट बैंड के ले के कौनो जानकारी नाइ देहले बा। OnePlus 10 Pro, OnePlus 10R अउरी OnePlus 10T में जियो के 5जी नेटवर्क काम करी।
सथही OnePlus 9 series के साथ n41 अउर n78 के सपोर्ट बा यानी एह सीरीज के फोन में 5G SA अउरी NSA के सपोर्ट मिली। लेकिन जियो के लग्गे n41 नाइ बा त ए फोन में जियो के 5जी के साथ दिक्कत हो सकsता। OnePlus Nord 2 5G अउर Nord CE 2 5G के अलावा OnePlus Nord CE 2 Lite में कई सारा बैंड्स के सपोर्ट बा।
346120cookie-checkका रउओ फोन में सपोर्ट करी Jio के 5G, देखीं कुछ कंपनियन के 5G मोबाइल के लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.