[the_ad_group id="30365"]

आ गइल नोकिया के सबसे मजबूत 5G फोन; धूल, पानी, आंधी-तूफान सब झेल लेई ई फ़ोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिनलैंड के टेक कंपनी Nokia के क्लासिक फोन्स के पहचान आजुओ ओकरे मजबूती के चलते होला। अब कंपनी एगो नया Rugged स्मार्टफोन लॉन्च कइले बा, जौन मजबूती के मामिला में सबके पीछे छोड़ देई। Nokia XR 20 Industrial Edition के हर तरह के मुश्किल हालात के सामना करे खातिर डिजाइन कइल गइल बा। ई डिवाइस जुलाई,2021 में HMD ग्लोबल के ओर से लॉन्च कइल गइल Nokia XR 20 के बेहतर वर्जन ह।

नयका नोकिया स्मार्टफोन भी HMD ग्लोबल के ओर से लॉन्च कइल गइल बा अउर एके अन्य विकल्प के मुकाबले मजबूत बनावे खातिर हाई-एंड फीचर्स दिहल गइल बा। Rugged स्मार्टफोन के तौर पर एह डिवाइस के ATEX, IECEx, NEC500 अउर UL सर्टिफिकेशन मिलsला। ई सर्टिफिकेशन साबित करsला कि नयका डिवाइस के मुश्किल हालात अउरी चुनौतीपूर्ण परिस्थिति में इस्तेमाल कइल जा सकsता। ई फोन जमीन पर गिरे चाहे भीगने जैसी स्थिति में खराब नाइ होई

खतरनाक लोकेशंस पर कs सकब इस्तेमाल 

नोकिया XR 20 इंडस्ट्रियल एडिशन के न सिर्फ घर के बाहर टूटले या खराब होखे के डर के बिना इस्तेमाल कइल जा सकता बलुक एके अइसन जगह भी इस्तेमाल कइल जा सकsता, जहां रसायन के मदद से काम होला या फिर छोट धमाके होला। धूल भरल खदान, फैक्ट्रियन, मैकेनिकल वर्कशॉप अउर अन्य खतरनाक जगह पर भी इस फोन के इस्तेमाल कइल जा सकी अउर एके खराब होखले के डर परेशान नाइ करी।

फोन में मिलsला खास कम्युनिकेशन फीचर्स 

खतरनाक लोकेशंस पर आपस में जुड़ल रहे खातिर यूजर्स के एह स्मार्टफोन में खास फीचर्स भी दिहल गइल बा। ई नोकिया टीम कॉम्स चाहे फिर ग्रुप कम्युनिकेशन जइसन ऐप्स के मदद से पुश-टू-टॉक अउरी वीडियो कनेक्टिविटी फीचर्स के फायदा उठा सकेने। खास बात बा कि 5G कनेक्टिविटी के अलावा नोकिया स्मार्टफोन प्राइवेट वायरलेस नेटवर्क भी सपोर्ट करsला। यानी कि एकर इस्तेमाल वॉकी-टॉकी के तरह भी कइल जा सकेला।

सोझे नाइ आइल कीमत से जुड़ल जानकारी

नोकिया XR 20 इंडस्ट्रियल एडिशन फोन के कीमत या उपलब्धता से जुड़ल जानकारी से कंपनी अभीन पर्दा नइखे उठवले। एतना जरूर साफ बा कि एके चुनिंदा मार्केट्स में ही लॉन्च कइल जाई अउर अलग-अलग इंडस्ट्रीज के एकर फायदा मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]